अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! अइसन एक्ट्रेस के कहानी, जेकर अंतिम समय में अकेले हो गईल रहे मउत!

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 28, 2024

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही। आजू पढ़ी

Share

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी अइसन एक्ट्रेस के कहानी जेकर अंतिम समय में अकेले ही हो गईल रहे मउत।

साल 1967 में ‘हमराज’ नाम से एगो फिलिम रिलीज भइल, ई फिलिम ना खाली हिट भइल बलुक एह फिलिम में काम करे वाली एक्ट्रेस विमी के बारे में भी हर जुबान पs चरचा रहे। असल में सुपरस्टार सुनील दत्त के साथे एह फिलिम के एक्ट्रेस विमी के खूबसूरती से सभे कायल हो गइल रहे। एकरा संगे फिलिम ‘हमराज’ के सफलता के बाद विमी फिलिम के लाइन लगा देले रहली। एह फिलिम में विमी पs फिल्मावल गीत ‘नीले गगन के ताले’ आजुओ लोग के पसंदीदा गीत बा। हालांकि एक ओर विमी के फिलिम में सफलता मिलत रहे। दूसर ओर उनकर पारिवारिक जीवन में बहुत उथल-पुथल मच गईल। असल में विमी के बियाह कोलकाता के एगो बड़ व्यापारी से भईल रहे। बतावल जाला कि विमी के परिवार ना चाहत रहे कि उs फिलिम में काम करस, लेकिन विमी के ससुराल के इs बात पसंद ना आईल, एs मामिला के लेके घर में तनाव बढ़े लागल, एहसे विमी मुंबई आ गईली।

अगर मीडिया रिपोर्ट पs विश्वास कइल जाव तs विमी के खराब समय एकरा बाद शुरू हो गइल रहे। मुंबई अइला के बाद विमी के संपर्क जॉली नाम के एगो निर्माता से भइल जे अभिनेत्री के गलत राह पs धकेल दिहलस। खबर के मुताबिक जॉली विमी के संगे ना खाली उनुकर फिलिम करावे के नाम पs गलत काम करइले रहे बालुक गलत नीयत से उनुका के बहुत निर्माता के इरादा से भेजल शुरू कs देलस।

विमी पूरा तरीका से अकेले रहली अवुरी एकर नकारात्मक असर उनुका कैरियर पs भी पड़त रहे। बतावल जाता कि एs तनाव में विमी जादा शराब पीये लगली। नतीजा ईs भइल कि अभिनेत्री के लिवर खराब हो गइल आ महज 33 बरीस के उमिर में उनुकर मउत हो गइल। इहाँ भी दुर्भाग्य विमी के ना छोड़लस अवुरी उनुकर लाश ठेला पs राख के दाह संस्कार स्थल पs ले आवल गइल रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.