[the_ad_group id="30365"]

कंगना रनौत पीएम मोदी के जमके कइली तारीफ , जानीं का बा वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बोर्ड परीक्षा से पहिले सोमार के दिने ‘परीक्षा पे चर्चा 2024’ के सातवाँ संस्करण के दौरान भारत मंडपम में पीएम मोदी देश भर के विद्यार्थियन के साथे शिक्षकन आ अभिभावकन से बातचीत कइलन। प्रधानमंत्री जी-20 शिखर सम्मेलन में छात्रन के संगे आयोजन स्थल पs भारत मंडपम के महत्व अवुरी दुनिया के भविष्य पs चर्चा कईले रहले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह वीडियो के अपना सोशल मीडिया पs शेयर कइले बाड़न जवन तेजी से वायरल होखत जात बा। ईs वीडियो देखला के बाद कंगना रनौत आ आर. माधवन ट्वीट के संगे वीडियो शेयर करत पीएम मोदी के बहुत तारीफ कईले बाड़े।

एही चलते पीएम मोदी के तारीफ होखता

दिल्ली के भारत मंडपम में ‘परीक्षा पे चर्चा 2024’ कार्यक्रम के आयोजन भइल। एह दौरान पीएम मोदी छात्रन के सवालन के जवाब दिहलन। हर मुद्दा पs हमेशा आपन विचार राखे वाली कंगना रनौत आ अभिनेता आर. माधवन नरेंद्र मोदी के जवाब सुनला के बाद तारीफ से भरल रहले। पीएम मोदी के सोशल मीडिया पs देखाई देवे वाला वीडियो करीब 9 मिनट के बा। मोदी जी ‘परीक्षा पे चर्चा’ के सातवाँ संस्करण के दौरान बच्चन के संगे 25 मंत्र भी साझा कईले।

इहाँ देखल जाव कंगना के ट्वीट-

पीएम मोदी के तारीफ में कंगना पढ़ली कसीदा

कंगना रनौत एक बेर फेरु ट्वीट कs के पीएम मोदी के तारीफ करत लिखली कि, ‘एतना सरल अवुरी सीधा शब्द में प्रधानमंत्री बच्चा के जीवन के बारे में बतवले बाड़े, युवा पीढ़ी के सबसे बड़ दुश्मन उलझल दिमाग बा। उs लोग एकरा के कईसे समझ सकतारे? जवन चीज से बचे के बा ओकरा के भी बहुत सरल तरीका से बतावल गईल बा।

इहाँ देखल जाव आर. माधवन ट्वीट के –

आर. माधवन पीएम के तारीफ कइले

कंगना रनौत ही ना बल्कि अभिनेता आर. माधवन अपना पोस्ट के शेयर करत मोदी के तारीफ भी कईले। अभिनेता लिखले कि, ‘छात्र के सही दिशा देवे अवुरी उनुका जीवन के सही आकार देवे में शिक्षक के मुख्य भूमिका होखेला… आप एकरा के बहुत बढ़िया से समझवले बानी… एकरा बारे में अवुरी का कहब।’

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]