[the_ad_group id="30365"]

मुंबई इंडियंस के सात विकेट से जीत, अंकतालिका में शीर्ष पs पहुंचल, बेंगलुरु के WPL-2 में लगातार दूसरका हार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई इंडियंस सनीचर के WPL-2 के 9वां लीग मैच में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के सात विकेट से हरा देलस। बेंगलुरु के एह सीजन में ई लगातार दूसरका हार हs।

बेंगलुरु के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में मुंबई टॉस जीतके पहिले फील्डिंग चुनलस। बेंगलुरु बल्लेबाजी करत 20 ओवर में छह विकेट पs 131 रन बनवलस। जवाब में मुंबई 15.1 ओवर में तीन विकेट पs टारगेट हासिल कs लेलस। मुंबई खातिर अमेलिया केर 24 बॉल में नाबाद 40 रन के मैच जिताऊ पारी खेलली। उनका के एह पारी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

बेंगलुरु के तरफ से पेरी टॉप स्कोरर

टॉस हारके पहिले बैटिंग करत रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB Women) छव विकेट खोके 131 रन बनावल आ मुंबई इंडियन्स (MI Women) के 132 रन के टारगेट देलस। टीम खातिर एलिस पेरी सबसे जादे नाबाद 44 रन बनवली। उनका अलावे जॉर्जिया वेयरहम 27 रन के अहम जोगदान देली। ओहिजा, सोफी मोलेनिक्स 12 आ सब्बिनेनी मेघना 11 रन बनवली। बेंगलुरु के तरफ से एलिस पेरी आ जॉर्जिया वेयरहम के बीच पचास रन के पार्टनरशिप भइल। दुनो खिलाडी छठा विकेट खातिर 52 रन जोड़ल लो। बेंगलुरु के तरफ से ई एह मैच के सबसे बड़ साझेदारी रहल।

वस्त्राकर आ ब्रंट 2-2 विकेट लिहल लो

मुंबई के तरफ से पूजा वस्त्राकर आ नेटली सीवर-ब्रंट 2-2 विकेट लिहल लो। इसाबेल वॉन्ग आ साइका इशाक के एक-एकहो सफलता मिलल।

केर मैच विनिंग इनिंग खेलली 

बेंगलुरु से मिलल 132 रन के टारगेट के पीछा करे उतरल मुंबई के सुरुआत सानदार रहल। टीम के दुनो ओपनर हेली मैथ्यूज आ यास्तिका भाटिया पहिला विकेट खातिर 45 रन जोड़ल लो आ टीम के ठोस सुरुआत दिलावल लो। टीम के पहिला झटका यास्तिका के रूप में लागल। ऊ 31 रन बनाके आउट भइली। दूसरका विकेट हेली मैथ्यूज (26) आ तीसरा नेटली सीवर-ब्रंट (27) के रूप में लागल। चउथा नंबर पs बैटिंग करे उतररल अमेलिया केर ने नाबाद 40 रन बनवली। पूजा वस्त्राकर छव गेना पs नॉटआउट आठ रन बनवली।

मुंबई के नियमित कप्तान हरमनप्रीत कौर अनफिट होखे के वजह से प्लेइंग इलेवन के हिस्सा ना रहली। उनका गैरमौजूदगी में नेटली सीवर-ब्रंट टीम के कमान संभरली। बेंगलुरु के तरफ से जॉर्जिया वेयरहम, सोफी डिवाइन आ श्रेयंका पाटिल एक-एक विकेट लिहल लो।

मुंबई टेबल में टॉप पs पहुंचल

बेंगलुरु के खिलाफ जीत के बाद मुंबई इंडियंस पॉइंट्स टेबल में पहिला नंबर पs आ गइल बिया। ओकर चार मैच के बाद तीन जीत के संगे छव पॉइंट्स हो गइल। आज के मैच से पहिले टीम चउथा नंबर पs रहे। गुजरात जीरो पॉइंट्स के साथ आखिरी स्थान पs बिया।

दुनो टीमन के प्लेइंग-11

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु: स्मृति मंधाना (कप्तान), सोफी डिवाइन, सब्बिनेनी मेघना, एलिस पेरी, ऋचा घोष (विकेटकीपर), जॉर्जिया वेयरहम, सोफी मोलेनिक्स, श्रेयंका पाटिल, सिमरन बहादुर, आशा शोबना आ रेणुका सिंह।

मुंबई इंडियंस: नेटली सीवर-ब्रंट (कप्तान), हेली मैथ्यूज, यास्तिका भाटिया (विकेटकीपर), अमेलिया केर, पूजा वस्त्राकर, इसाबेल वॉन्ग, अमनजोत कौर, सजीवन साजना, हुमारिया काजी, बी कीर्तन आ साइका इशाक।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]