Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

5वां टेस्ट खेलिहें जसप्रीत बुमराह : धर्मशाला में 3 पेसर उतार सकत बा भारत; पाटीदार भा पडीक्कल में केहूओ एके खेली 

288

इंग्लैंड के खिलाफ 5वां टेस्ट में टीम इंडिया प्लेइंग-11 में दु बदलाव के संगे उतर सकत बिया। तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह स्क्वॉड के हिस्सा बा, एहिसे उनकर खेललो कन्फर्म बा। दूसरका ओर आउट ऑफ फॉर्म रजत पाटीदार के जगह देवदत्त पड्डीकल डेब्यू कs सकत बाड़ें।

धर्मशाला के HPCA स्टेडियम में मुकाबला सात मार्च के सुरू होई। इहां स्पिन के मुकाबले पेस के जादे मदद मिलेला, एहिसे टीम इंडिया तीन पेसर्स के संगे खेले उतर सकत बिया।

धर्मशाला में 62% विकेट तेज गेंदबाजन के नामे

धर्मशाला के HPCA स्टेडियम में तेज गेंदबाजन के जादे मदद मिलत बा। इहां अब तक भइल 20 इंटरनेशनल मैचन में 61.69% विकेट तेज गेंदबाजन के मिली। स्पिनर्स के 248 में से 95 विकेट मिले, माने दुनो टीम एक्स्ट्रा पेसर के मैदान में उतारे के बारे में सोच सकत बिया।

टीम इंडिया के लगे पेस बॉलिंग ऑप्शन में जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, आकाश दीप आ मुकेश कुमार हवे। आकाश आ सिराज पिछला टेस्ट खेलले रहस, ओहिजा बुमराह सीरीज के टॉप विकेट टेकर हवे। आकाश दीप अच्छा कइलें, एहिसे उनका बुमराह आ सिराज के संगे मवका मिल सकत बा।

बाहर हो सकत बा कुलदीप, बुमराह खातिर जगह खाली करीं

तेज गेंदबाजन खातिर मददगार पिच के देखत टीम इंडिया तीन पेसर्स के प्लेइंग-11 में मौका दे सकत बिया। बाकिर एकरा खातिर पिछला मैच के प्लेइंग-11 में सामिल तीन में से कवनो एगो स्पिनर के बाहर बइठे के पड़ सकत बा।

रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन अश्विन आ कुलदीप यादव पिछला मैच खेलल रहे लो। अश्विन आ जडेजा अपना बॉलिंग से कवनो वर्ल्ड क्लास टीम के प्लेइंग-11 में सामिल हो सकत बा। इनकर बैटिंगो बहुते सानदार बा। दूसरका ओर कुलदीप पूरा सीरीज में इंग्लिश बैटर्स के परेसान कइलें। उनकर बैटिंगो अच्छा रहल, बाकिर अश्विन आ जडेजा के अनुभव जादे बा। एहिसे कुलदीप के बुमराह खातिर जगे खाली करे के पड़ सकत बा।

बुमराह सीरीज के तीन मैचन में 17 विकेट लेले बाड़ें। एकरा बादो जदि कुलदीप के प्लेइंग-11 में मवका मिलल तs ger आकाश दीप के बाहर बइठावल जाई। अइसन में जदि पहिले गेंदबाजी आइल तs टीम इंडिया खातिर तीन स्पिनर्स के प्लेइंग-11 में रखल रिस्की ऑप्शन हो जाई।

पाटीदार लगातार फ्लॉप रहलें, पड्डिकल के डेब्यू संभव

टीम इंडिया दूसरका बदलाव बल्लेबाजी में कs सकत बिया। दूसरका टेस्ट में डेब्यू करे वाला रजत पाटीदार के लगातार तीन मुकाबलन में खेले के मवका मिलल। बाकिर ऊ एके गो फिफ्टी लगा सके लो। छव पारियन में उनका नावे 63 रन रहे। अइसन में उनका के आखिरी मैच में बेंच पs बइठावल जा सकत बा।

दूसरका ओर लेफ्ट हैंड बैटर देवदत्त पड्डीकल स्क्वॉड में मवजूद बा। ऊ रणजी ट्रॉफी के एह सीजन में चार मुकाबलन में 92.66 के औसत से 556 रन बना चुकल बा लो। उनका नावे तीन सेंचुरी रहल, जेमे 193 रन बेस्ट स्कोर रहल। पड्डीकल तीसरके टेस्ट से स्क्वॉड के हिस्सा बा, अइसन में उनका अब डेब्यू करावल जा सकत बा।

हालांकि, पाटीदार के एतना जादे मवका एहिसे मिल रहल बा काहेकि मैनेजमेंट के उनका स्किल पs भरोसा बा। जदि कोच राहुल द्रविड़ उनका पs आपन भरोसा जतावत बा तs आखिरी मैच में ऊ प्लेइंग-11 के हिस्सा बन सकत बा।

सीरीज में 3-1 से आगे भारत

टीम इंडिया इंग्लैंड के खिलाफ पांच टेस्ट के सीरीज में 3-1 से आगे बा। पहिला मुकाबला इंग्लैंड 28 रन से जीतले रहे। एकरा बाद भारत दूसरका मैच 106 रन, तीसरका मैच 434 रन आ चउथा टेस्ट पांच विकेट के अंतर से जीत लेलस। पांचवां मुकाबला सात मार्च से धर्मशाला में खेलल जाई।

धर्मशाला टेस्ट में भारत के पॉसिबल प्लेइंग-11

रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, देवदत्त पड्डीकल/रजत पाटीदार, रवींद्र जडेजा, सरफराज खान, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, आकाश दीप/कुलदीप यादव, जसप्रीत बुमराह आ मोहम्मद सिराज।

756050cookie-check5वां टेस्ट खेलिहें जसप्रीत बुमराह : धर्मशाला में 3 पेसर उतार सकत बा भारत; पाटीदार भा पडीक्कल में केहूओ एके खेली 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.