[the_ad_group id="30365"]

मुलायम के स्वास्थ्य में अउर गिरावट: किडनी में तेजी से फइल रहल बा संक्रमण, ब्रजेश पाठक हाल जाने पहुंचलें मेदांता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेदांता मेडिसिटी हॉस्पिटल में भर्ती उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री मुलायम सिंह यादव के स्वास्थ्य में अउर गिरावट दर्ज कइल गइल बा। उनके किडनी में संक्रमण के समस्या बढ़ गइल बा। एकरे बाद उनके एह समस्या के संबंध में सबसे एडवांस सपोर्ट पर रखल गइल बा अउरी उपचार कइल जा रहल बा। उ डाक्टरन के सघन निगरानी में बाने। एह बीच शुक्क के यूपी के डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक अस्पताल पहुंचकर मुलायम सिंह यादव के हाल जनलें। एह दौरान उ परिवार के सदस्यन अउर डॉक्टरों से बात कइलें अउर विश्वास जतवलें कि सपा संरक्षक जल्द स्वस्थ होइहें।

मेदांता मेडिसिटी हॉस्पिटल सूत्र के मुताबिक, उनके किडनी में संक्रमण फैल गइल बा। एकरे वजह से शरीर में क्रिएटनिन लेवल बेर-बेर अनियंत्रित हो रहल बा। अइसे में सामान्य डायलिसिस के जगह उनके एडवांस कन्टिन्यूअस रीनल रिप्लेसमेंट थेरेपी (सीआरआरटी थेरेपी) सपोर्ट पर रखल गइल बा। ई थेरेपी किडनी खराब होखले पर सामान्य डायलिसिस के इलाज से बेहतर होला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]