[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा पंचायत चुनाव के भइल एलान, पहिला चरण में 10 जिला में डारल जाई वोट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा में पंचायत चुनाव के तारीख के एलान क दिहल गइल बा। जिला परिषद अउरी ब्लॉक समिति खातिर 30 अक्तूबर के चुनाव होई। सरपंच अउरी पंच खातिर 2 नवंबर के चुनाव होई। आठ अक्तूबर के नोटिफिकेशन जारी होई। 14 से 19 अक्तूबर ले नॉमिनेशन भरल जाई। 20 अक्तूबर के नॉमिनेशन के छंटनी होई अउर 21 अक्तूबर ले नॉमिनेशन वापस लिहल जा सकी। पहिले चरण में 10 जिला में चुनाव होई। एहमें 35 हजार ईवीएम इस्तेमाल होई। ईवीएम में वीवीपीएटी सुविधा नाइ बा।

चुनाव में 38 हजार कर्मचारियन के ड्यूटी लागल बा। उहवें हिसार में अगिले चरण में चुनाव होई। चुनाव में हर बूथ पर दू-दू ठों पुलिस कर्मी के ड्यूटी लागी। संवेदनशील अउर अति संवेदनशील बूथ पर दू-दू अतिरिक्त पुलिस कर्मी रहिहें।

पहले चरण में भिवानी, फतेहाबाद, झज्जर, जींद, कैथल, महेंद्रगढ़, नूंह, पंचकूला, यमुनानगर अउर पानीपत में चुनाव होई। बिहाने 7 से साँझ 6 बजे ले मतदान होई। राज्य चुनाव आयोग लोग से अपील कइले बा कि अधिक से अधिक मतदान करें अउर सही उम्मीदवार चुने।

ई रही शैक्षणिक योग्यता

पंच 
अनारक्षित 10वीं
महिला/एससी 8वीं
एससी महिला 5वीं

सरपंच 
अनारक्षित 10वीं
महिला/एससी 8वीं
एससी महिला 8वीं

ब्लॉक समिति
अनारक्षित 10वीं
महिला/एससी 8वीं
एससी महिला 8वीं

जिला परिषद
अनारक्षित 10वीं
महिला/एससी 8वीं
एससी महिला 8वीं

खाली ग्रामीण क्षेत्र में भइल आचार संहिता लागू

दस जिला के सिर्फ ग्रामीण क्षेत्र में ही आचार संहिता लागू कइल गइल बा। शहरी क्षेत्र में आचार संहिता के कौनो असर नाइ होई। पंच-सरपंच के परिणाम मतदान के दिन ही आई। ब्लॉक समिति अउर जिला परिषद सदस्यन के चुनाव परिणाम सब 22 जिला के एक संगे घोषित होई।

चुनाव खर्च सीमा
पंच                  50 हजार
सरपंच               2 लाख
ब्लॉक समिति       3.60 लाख
जिला परिषद        6 लाख

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]