[the_ad_group id="30365"]

बलिया में एक्के मंच पर डिप्टी सीएम अउर ओपी राजभर: का यूपी के सियासत में आए वाला बा भूचाल ?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बलिया के रसड़ा में एगो निजी समारोह में पहुंचल प्रदेश सरकार के उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक पत्रकारन के सवाल पर राहुल गांधी अउरी कांग्रेस पर तंज कसलें। कहलें कि कांग्रेस अउरी राहुल गांधी के ढूढ़ले से अध्यक्ष नाइ मिल रहल बानें। आवे वाले समय में कांग्रेस के अउरी बाउर हस्र होखे वाला बा। कांग्रेस के भारत जोड़ो अभियान के ले के निशाना साधे के कहलें कि उनके लग्गे आपन कौनो नीति अउर एजेंडा नाइ बा।

उप मुख्यमंत्री के संगे सुभासपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष ओम प्रकाश भी साथ रहलें। एह दौरान भाजपा नेता के संगे मंच शेयर त कइलें, लेकिन अपने पुरान राग के भी अलापे से गुरेज नाइ कइलें। अति पिछड़ा लोग के हिस्सेदारी के बात करत कहलें कि बलिया में कौनो थाना पर अति पिछड़ा थानेदार नइखे।

सुहलदेव भारतीय समाज पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष समाजवादी पार्टी के अखिलेश यादव के तिसरा बेर अध्यक्ष बनलें पs कहलें कि ई कौन नया बात बा। जब से राष्ट्रीय अध्यक्ष बनल बानें। अखिलेश यादव एक्को चुनाव नाइ जितलें। ब्रजेश पाठक एगो सवाल पर कहलें कि ओमप्रकाश राजभर उनके स्थायी मित्र हवें। राजनीतिक बात काहें पूछ रहल बानीं। बीजेपी के संगे गठबंधन के सवाल पर ओपी राजभर कहलें कि पहिले हमनीके आपन ताकत बढ़ावे निकलल बानीं जा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]