[the_ad_group id="30365"]

मुकुल रोहतगी बनिहें देश के अगिला अटॉर्नी जनरल, एक अक्तूबर से शुरू करिहें आपन दुसरका कार्यकाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुकुल रोहतगी के देश के अगिला 14वें अटॉर्नी जनरल बनावल गइल बा। उ 1 अक्तूबर से आपन दूसरा कार्यकाल शुरू करिहें। रोहतगी केके वेणुगोपाल ले जगह लीहें जिनकर कार्यकाल 30 सितंबर के खतम हो रहल बा। रोहतगी एसे पहिले जून 2014 में भी अटॉर्नी जनरल के रूप में नियुक्त कइल गइल रहलें अउरी जून 2017 ले सेवा देहलें।
वेणुगोपाल  हाल ही में सुप्रीम कोर्ट के संकेत दिहलें रहलें कि ऊ 30 सितंबर के बाद पद पर नाइ रहिहें। एह साल जून के अंत में, एजी वेणुगोपाल के कार्यकाल तीन महीना खातिर बढ़ा दिहल गइल बा। ई एक्सटेंशन 30 सितंबर के ख़तम होखे वाला बा।

का होला अटॉर्नी जनरल के पद?

अटॉर्नी जनरल केंद्र सरकार खातिर देश के सबसे शीर्ष कानून अधिकारी अउरी मुख्य कानूनी सलाहकार होलें। जौन सुप्रीम कोर्ट में महत्वपूर्ण मामला में केंद्र सरकार के प्रतिनिधित्व करेने। अटॉर्नी जनरल सरकार के पहिला कानून अधिकारी होलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]