[the_ad_group id="30365"]

7 साल पुरान केस में AAP के 2 विधायक अखिलेशपति त्रिपाठी आ संजीव झा दोषी करार, 21 के होई सजा के एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के एगो अदालत 7 साल पुरान एगो ममिला में आम आदमी पार्टी (आप) के दु विधायकन के आज दोषी करार देले बा। एकरा संगही अदालत 5 आउर लोगन के दोषी ठहरवले बा। कोर्ट एह ममिला में 21 सितंबर के सजा का ऐलान करी।

जानकारी के मोताबिक, दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट सोमार के आम आदमी पार्टी (आप) के दु विधायकन के 20 फरवरी 2015 के पुलिस कर्मियन के साथे बदसलूकी करे आ भीड़ के हिस्सा होखला के ममिला में दोषी करार देलस। ‘आप’ के दुनो विधायक अखिलेश पति त्रिपाठी आ संजीव झा एगो प्रदर्शन में शामिल भइल रहे लो। एकरा संगही अदालत 5 आउर लोगन के दोषी ठहरवले बा।।कोर्ट एह ममिला में 21 सितंबर के सजा के ऐलान करी।

बता दीं कि, अखिलेश पति त्रिपाठी मॉडल टाउन सीट से विधायक बाड़े, जबकि संजीव झा बुराड़ी विधानसभा सीट से विधायक बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]