[the_ad_group id="30365"]

Mukul Rohtagi: मुकुल रोहतगी बनिहें देश के अगिला अटॉर्नी जनरल, एक अक्तूबर से शुरू करिहें आपन दूसरका कार्यकाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुकुल रोहतगी के देश के अगिला आ 14वां अटॉर्नी जनरल के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। ऊ एक अक्तूबर से आपन दूसरका कार्यकाल शुरू करिहें। रोहतगी केके वेणुगोपाल के जगे लिहें। जिनकर कार्यकाल 30 सितंबर के  समाप्त हो रहल बा। रोहतगी एकरा पहिले जून 2014 में अटॉर्नी जनरल के रूप में नियुक्त कइल गइल रहे आ ऊ जून 2017 तक सेवा देले रहस। वेणुगोपाल हाले में सुप्रीम कोर्ट के संकेत देले रहस कि ऊ 30 सितंबर के बाद पद प  ना होइहें। एह साल जून के अंत में, एजी वेणुगोपाल के कार्यकाल तीन महीना खातिर बढ़ा दिहल गइल रहे। ई एक्सटेंशन 30 सितंबर के समाप्त होखे वाला बा।

का होला अटॉर्नी जनरल के पद?

अटॉर्नी जनरल केंद्र सरकार खातिर देश के सबसे शीर्ष कानून अधिकारी आ मुख्य कानूनी सलाहकार होले। जे सुप्रीम कोर्ट में महत्वपूर्ण ममिलन में केंद्र सरकार के प्रतिनिधित्व करेला। अटॉर्नी जनरल सरकार के प्रथम विधि अधिकारी होला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]