[the_ad_group id="30365"]

सांसद रविकिशन कइलें यातायात नियम के पालन करे के अपील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा सांसद रवि किशन शुक्ला सोमार के ट्रैफिक कंट्रोल रूम के निरीक्षण कइलें। एह दौरान सांसद कंट्रोल रूम से शहरवासियन से ट्रैफिक नियम के पालन के अपील भी कइलें। निरीक्षण के दौरान सांसद यातायात खातिर चलावल जा रहल अभियान के सराहना कइलें।

सांसद रवि किशन कहलें कि यातायात नियम के सौ परसेंट पालन कइले से ही रास्ता पs होखे वाला अंकुश लगावल जा सकsता। तनिको लापरवाही से परिवार के खुशी गम में बदल सकsता। सांसद कहलें कि जब ट्रैफिक रुके त रउओ सब हमेशा बायीं तरफ के लेन के खाली रखीं, ताकि गंभीर मरीजन के ले जा रहल एंबुलेंस के रास्ता न रुके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]