Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांसद रविकिशन कइलें यातायात नियम के पालन करे के अपील

354

भाजपा सांसद रवि किशन शुक्ला सोमार के ट्रैफिक कंट्रोल रूम के निरीक्षण कइलें। एह दौरान सांसद कंट्रोल रूम से शहरवासियन से ट्रैफिक नियम के पालन के अपील भी कइलें। निरीक्षण के दौरान सांसद यातायात खातिर चलावल जा रहल अभियान के सराहना कइलें।

सांसद रवि किशन कहलें कि यातायात नियम के सौ परसेंट पालन कइले से ही रास्ता पs होखे वाला अंकुश लगावल जा सकsता। तनिको लापरवाही से परिवार के खुशी गम में बदल सकsता। सांसद कहलें कि जब ट्रैफिक रुके त रउओ सब हमेशा बायीं तरफ के लेन के खाली रखीं, ताकि गंभीर मरीजन के ले जा रहल एंबुलेंस के रास्ता न रुके।

328450cookie-checkसांसद रविकिशन कइलें यातायात नियम के पालन करे के अपील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.