[the_ad_group id="30365"]

Mukesh Kumar : गेंदबाज मुकेश कुमार के घरे गूंजल किलकारी, पत्नी देली बेटा के जन्म; सोशल मीडिया पs देलें जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के तेज गेंदबाज मुकेश कुमार के घरे ओह घरी खुसी के लहर दउड़ गइल जब उनकर पत्नी बेटा के जन्म देली। एकर जानकारी स्टार खिलाड़ी खुद अपना सोशल मीडिया हैंडल से साझा कइलें। उ इंस्टाग्राम पs लिखलें- ‘एगो नया चैप्टर के सुरुआत…सबसे छोट दिल के धड़कन के संगे। हमनी के साथ में प्यार में रहनी सs। अब हमनी के साथ में अपना बेटा के बाहन में लेले बानी सs’।

2023 में भइल रहे मुकेश आ दिव्या के बियाह

मुकेश के पत्नी के नाम दिव्या हs। उ बिहार के छपरा के रहे वाली हई। दुनो साल 2023 में शादी रचवले रहे लो। मुकेश कुमार बिहार के रलहे वाला हवे आ उ बंगाल खातिर अंडर-19 क्रिकेट में डेब्यू कइले रहस। लमहर समय तक रणजी खेलला के बाद मुकेश के 2022 में भारत ए के ओर से न्यूजीलैंड के खिलाफ खेले के अवसर मिलल। उ 36 रन पs पांच विकेट लेके सनसनी मचा देलें। एकरा बाद उनका के भारतीय टीम में चुनल गइल।

मुकेश के करिअर

मुकेश के करिअर के बात कइल जाव तs उ अभी ले भारत खातिर तीन टेस्ट, छव वनडे आ 17 टी20 अंतरराष्ट्रीय मैच खेलले बाड़ें। एमे उ क्रमश: सात, पांच आ 20 विकेट अपना नावे कइले बाड़ें। उ 52 फर्स्ट क्लास मैचन में 210 विकेट, 36 लिस्ट ए में 44 विकेट आ 77 टी20 मुकाबलों में 83 विकेट अपना नावे कs चुकल बाड़ें। आईपीएल में मुकेश दिल्ली कैपिटल्स खातिर खेलत नजर आवेले। 32 मुकाबलन में उ 10.39 के इकोनॉमी रेट से गेंदबाजी करत 36 विकेट झटकले बाड़ें। आईपीएल 2025 में उ कुल 12 मैच में 12 विकेट हासिल कइले रहस। फिलहाल 31 बरिस के ई तेज गेंदबाज भारतीय टीम से बाहर चल रहल बा। उनका के भारत बनाम इंग्लैंड सीरीज खातिर नइखे चुनल गइल।

Read Also: Chhapra News : रिटायर्ड सैनिक के पीट-पीटके हत्या, 20 साल पुरान जमीनी विवाद लेलस जान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]