BCCI : बीसीसीआई आ ईसीबी सऊदी टी20 लीग के देलस झटका, परियोजना के समर्थन ना करे के फैसला कइलस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आ इंग्लैंड एवं वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) सऊदी टी20 लीग के झटका देले बा आ एह परियोजना के समर्थन ना करे के फैसला कइले बा। सऊदी टी20 लीग

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आ इंग्लैंड एवं वेल्स क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) सऊदी टी20 लीग के झटका देले बा आ एह परियोजना के समर्थन ना करे के फैसला कइले बा। सऊदी टी20 लीग के रोके खातिर ई दुनु देस के बोर्ड हाथ मिलवले बा। एकर मतलब बा कि सऊदी टी20 लीग में सामिल होखे खातिर ई दुनो देस अपना खिलाड़ियन के एनओसी ना दी। बतावल जा रहल बा कि सऊदी टी20 लीग में 400 मिलियन डॉलर (करीब 3442 करोड़ रुपिया) के निवेश होई।

सऊदी टी20 लीग के करी विरोध

न्यूज एजेंसी पीटीआई ब्रिटिश अखबार द गार्जियन के रिपोर्ट के हवाले से बतवलें कि एह महीना लॉर्ड्स में खेलल गइल विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के फाइनल के दौरान ईसीबी आ बीसीसीआई नया लीग के विरोध करे खातिर एकजुट होखला पs सहमति जतवलें। दुनो बोर्ड एह बात पs सहमत भा कि उ अपना खिलाड़ियन के ने नया प्रतियोगिता में सामिल होखे खातिर अनापत्ति प्रमाण पत्र (एनओसी) जारी ना करी। दुनो बोर्ड एकरा संगही आईसीसी से ओकर समर्थन के रोके खातिर पैरवी करी।

क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया दिखवलस रुचि

दूसरका ओर क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया लीग में सऊदी निवेशकन के संगे साझेदारी करे खातिर उत्सुक दिखल। एह रिपोर्ट के अनुसार, ऑस्ट्रेलिया से पता चलल योजना के मोताबिक सऊदी अरब के एसआरजे स्पोर्ट्स इन्वेस्टमेंट्स नया लीग के स्थापना खातिर 400 मिलियन डॉलर के निवेश करे के वादा कइले बा। एमे आठ टीम हर साल अलग-अलग स्थानन पs चार टूर्नामेंट खेली, जवना के तुलना टेनिस के ग्रैंडस्लैम से कइल जा रहल बा। सीए के मुख्य उद्देश्य निजी निवेशक से लाभ कमाइल बा, काहेकि बिग बैश लीग (बीबीएल) फ्रेंचाइजी के स्वामित्व शासी निकाय आ राज्यन के लगे बा।

बीसीसीआई के खिलाफ जइहें आईसीसी अध्यक्ष?

रिपोर्ट में इहो दावा कइल जा रहल बा कि आईसीसी के संचालन वर्तमान में बीसीसीआई के पूर्व सचिव जय शाह कs रहल बाड़ें, अइसन में एह ममिला में उनका बीसीसीआई के इच्छा के विरुद्ध जाये के संभावना नइखे।

Read Also: Bhojpuri : जन जागरण अभियान के 25वां विशाल धरना 3 अगस्त के, जंतर मंतर पs भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे के उठी मांग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.