[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways: ट्रेन में महिला लोगन के मिली कंफर्म सीट, रेल मंत्री के बड़ ऐलान सुन गदगद हो जाएम रउआ 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indian Railways Latest News: भारतीय रेलवे के तरफ से महिला लोगन खातिर बड़ घोषणा कइल गइल बा। एकरा बाद महिला लोगन के ट्रेन में सीट खातिर परेसान ना होखे के पड़ी। रेल मंत्री महिला लोगन के सुविधा के धेयान में राखत बड़ ऐलान कइलें बाड़ें। जवना तरे बस आ मेट्रो में महिला लोगन खातिर अलग सीट आरक्षित रहेला, ओहि तरे से भारतीय रेलवे अब महिला लोगन खातिर सीट आरक्षित करी।

सुरक्षा खातिरो प्लान तइयार क‍इलस

रेलवे (Indian Railways) के तरफ से लमहर दूरी के ट्रेन में महिला यात्रियन खातिर बर्थ रिजर्व कइल गइल बा। एकरा संगही महिला लोगन के सुरक्षा खातिर प्लानो तइयार क लिहल जाई। केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव (Ashwini Vaishnaw) कहलें कि लमहर दूरी के ट्रेनन में महिला लोगन के आरामदायक यात्रा खातिर भारतीय रेलवे (Indian Railways) रिजर्व बर्थ निर्धारित करे समेत कइयन गो सुविधा शुरू कइले बा।

स्लीपर क्लास में छव गो बर्थ आरक्षित रही

केंद्रीय मंत्री कहलें कि लमहर दूरी के मेल आ एक्सप्रेस ट्रेनन (Mail and Express Trains) में स्लीपर क्लास में छव गो बर्थ आरक्षित रही। गरीब रथ (Garib Rath), राजधानी (Rajdhani), दुरंतो समेत पूरा तरे से वातानुकूलित एक्सप्रेस ट्रेनन के थर्ड एसी कोच (3AC class) में छव गो बर्थ महिला यात्रियन (Female Passengers) खातिर आरक्षित कइल गइल बा।

45 बरिस भा एकरा से जादे उमिर उम्र के मह‍िला लोगन खातिर आरक्षण

हर स्लीपर कोच में छव से सात लोअर बर्थ (Lower Berths), वातानुकूलित 3 टियर (3 एसी) में कोच में चार से पांच लोअर बर्थ आ वातानुकूलित 2 टियर (2 एसी) कोच में तीन से चार लोअर बर्थ वरिष्ठ नागरिकन (Senior Citizens), 45 बरिस आ ओकरा से बेसी उमिर के महिला यात्रियन आ गर्भवती महिला लोगन (Pregnant Women) खातिर आरक्षित कइल गइल बा। रउआ के बता दीं कि रिजर्वेशन ट्रेन में ओह श्रेणी के डिब्बन के संख्या के आधार प कइल जाई।

महिला यात्रियन के सुरक्षा के इंतजाम

रेल मंत्री कहलें, ‘ट्रेनन में महिला यात्रियन के सुरक्षा (Women Passengers Safety) खातिर विशेष इंतजाम कइल गइल बा। भारत के संविधान के सातवीं अनुसूची के तहत ‘पुलिस’ आ ‘लोक व्यवस्था’ राज्य के विषय होला, हालांकि, रेलवे सुरक्षा बल (RPF) जीआरपी आ जिला पुलिस यात्रियन के बेहतर सुरक्षा मुहैया कराई।’

एकरा संगही, रेलगाड़ियन आ स्टेशनन प महिला यात्रियन के संगे आउर यात्रियन के सुरक्षा खातिर जीआरपी (GRP) के मदद से रेलवे द्वारा डेग उठावल जा रहल बा। रेलवे सुरक्षा बल पिछिला साल अखिल भारतीय पहल ‘मेरी सहेली’ (Meri Saheli) सुरू कइले रहे, जवना के उद्देश्य ट्रेनन से यात्रा करे वाला महिला यात्रियन के ओह लोग के पूरा यात्रा में सुरक्षा प्रदान कइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]