[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: दरभंगा एयरपोर्ट पs लगातर दु दिन से दिल्ली खातिर कवनो विमान ना, यात्रियन में गुस्सा। 27 आ 28 के कवनो फ्लाइट ना रहला से यात्रियन के मजबूरन पटना से करे के पड़त बा बुकिंग।
  2. बिहार: बिहार में आसमान से बरसल मौत, ठनका गिरला से सात जिलन में 21 लोग के गइल जान। कैमूर में 7, पटना में 5, भोजपुर में 4 अब जहानाबाद, रोहतास, औरंगाबाद, अरवल आ सीवान से एक-एक आदमी के मौत भइल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: पीडब्ल्यूडी में नियमन के खिलाफ कइल गइल 59 तबादला होई रद्द, मनमानी करे वालन पs गिरी गाज। तबादलन में 10-10 बरिस से जमल इंजिनियर छोडल जबकि कुछ महीना पहिले तैनात लोगन के लगावल गइल नंबर।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के निरदेस, बोलले- हिंदी में बनावल जाव प्राविधिक आ चिकित्सा शिक्षा के पाठ्यक्रम, खेलकूद के दिहल जाव बढ़ावा।
  5. झारखंड: सीएम हेंमत सोरेन के लोहरदगा दौरा आज, लाभर्थियन के बीचे परिसम्पत्तियन के करिहें वितरण।
  6. सोनिया गांधी से 6 घण्टा पूछताछ, राहुल गांधी समेत 50 सांसद के लिहल गइल हिरासत में।
  7. पश्चिम बंगाल शिक्षक भर्ती घोटाला में ED के मिलल डायरी, अवैध लेनदेन के सबूत।
  8. सोशल मीडिया पs न्यूड फोटो शेयर कs के मुस्किल में रणवीर, दर्ज हो सकत बा केस।
  9. कोरोना अप्डेट्स: बीतल दिने कोरोना के 16,065 नया केस, 37 लोगन के मौत, क्रिकेटर पूजा वस्त्रकार आ एस मेघना कोरोना पॉजिटिव।
  10. भारत-वेस्टइंडीज तीसरा वनडे आज: भारत के लगे पहिला बेर वेस्टइंडीज के ओकरे घर में क्लीन स्वीप करे के मौका।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]