[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: प्रोटेस्ट अगेंस्ट अग्निपथ- विक्रमशिला आ लोहित एक्सप्रेस के बोगियन में आग लगावल गइल। कइयन गो रेलवे स्टेशन के प्रदर्शनकारियन द्वारा घेरल गइल।
  2. बिहार: आज सम्मानित होई लो खेती किसानी में अभिनव प्रयोग करे वाला 64 किसान, बामेति इस्थित सभागार में होई कार्यक्रम।
  3. उत्तर प्रदेश: जुमा के नमाज के बाद हिंसा रोके खातिर अलर्ट पs यूपी पुलिस, ड्रोन से निगरानी, पुलिस के फूट मार्च, शांति बेवस्था खातिर धर्म गुरुअन से संवाद के सलाह।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आदेश, 16 जिलन में पीपीपी मॉडल पs मेडिकल कॉलेज बनावे में लेआवल जाव तेजी, मिली हर गरीब के इलाज।
  5. झारखंड: जुमा के लेके पुलिस-प्रशासन अलर्ट, जुलूस निकाले वाला तुरंत गिरफ्तार होई लो, पूरा शहर पs नजर राखी ड्रोन।
  6. सनफ्लावर-सोयाबीन तेल के कीमतन में 20 रुपिया तक के कमी, स्पाइसजेट के सफर महंगा।
  7. यूपी सरकार से सुप्रीम कोर्ट कहलस: बिना नोटिस के नइखे हो सकत बुलडोजर के कारवाई।
  8. ED के खिलाफ कांग्रेस के देशव्यापी प्रदर्शन, रेणुका चौधरी पुलिस वाला के कॉलर पकड़ली।
  9. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज हिमाचल प्रदेश के धर्मशाला में सब राज्यन के मुख्य सचिवन के संबोधित करिहें।
  10. क्रिकेट: आज भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच टी 20 सीरीज के चउथा मैच गुजरात के राजकोट में खेलल जाई, भारत के सीरीज बराबर करे के रही कोसिस।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]