[the_ad_group id="30365"]

रामनाथ पांडेय शिखर सम्मान डॉ. मयंक मुरारी आ डॉ.जौहर शफियाबादी के कइल गइल सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पs 16 जून के पटना में एगो कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम में डॉ.मयंक मुरारी आ डॉ.जौहर शफियाबादी के पहिला रामनाथ पांडेय शिखर सम्मान प्रदान कइल गइल। दुनों विद्वानन के स्मृति चिह्न, प्रशस्ति पत्र आ शॉल से सम्मानित कइल गइल।

सारण भोजपुरिया समाज आ जागृत प्रकाशन के तत्वावधान में मैत्री शांति भवन, अशोक राजपथ पs आयोजित एह कार्यक्रम में रामनाथ पांडेय के कालजयी रचना “महेन्दर मिसिर” के लोकार्पण भइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता चंद्रकेतु नारायण सिंह कइले। आउर मंचासीन अतिथियन में डॉ.सुनील पाठक, पूनम आनंद, तैय्यब हुसैन पीड़ित, भगवती प्रसाद द्विवेदी रहे लो।

लोकार्पण के बाद रामनाथ पांडेय जी के व्यक्तित्व आ कृतित्व पs उपस्थित विद्वतजन प्रकाश डालल। व्याख्यान के बाद काव्य पाठ के आयोजन भइल। एमे डॉ. मीना पांडेय, दिवाकर उपाध्याय, मधुरानी लाल, सुजीत सिंह सौरभ, श्याम श्रवण, सुधांशु कुमार सिंह ने आपन रचना के पाठ कइल लो। आआउर उपस्थित अतिथियन में भोजपुरी साहित्य जगत से जुड़ल कइयन गो हस्ति शामिल रहे लो, जेमें शुभ नारायण सिंह शुभ, राजेंद्र गुप्त, प्रेमलता, यशवंत मिश्रा, प्रणव पराग, रवि प्रकाश सूरज आदि प्रमुख रहे लो। धन्यवाद ज्ञापन रामनाथ पांडेय के ज्येष्ठ सुपुत्र बिमलेंदु भूषण पांडेय कइले आ मंच संचालन दिवाकर उपाध्याय के रहल।

 

8 जून से चलत रहल आयोजन

हर साल लेखा अबकियो बेर कार्यक्रमन के सिलसिला रामनाथ पांडेय के जयंती 8 जून से शुरू भइल। 8 जून के चंपारण में 100 से जादे कलाकारन के सम्मान कइल गइल। एकरा संगही सारण भोजपुरिया समाज के पेज से हर दिन लाइव कार्यक्रम के आयोजन भइल। एमे एक दर्जन से जादे विद्वान लो भोजपुरी साहित्य आ रामनाथ पांडेय के कृतियन पs आपन विचार व्यक्त कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]