Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

415
  1. बिहार: बिहार में सब धरम आ संप्रदाय के लोगन के होई जाति आधारित जनगणना, आज कैबिनेट में लाग सकेला मुहर।
  2. बिहार: भभुआ में सीएस कइले स्वास्थ कार्यक्रमन के समीक्षा, जहानाबाद में रसोई गैस के अवैध रिफिलिंग करे आला धराइल।
  3. उत्तर प्रदेश: नाया बिजली दर तय करे के कवायद तेज, वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग से जनसुनवाई 21 से।
  4. उत्तर प्रदेश: कानपुर- खूंखार अपराधी के पुलिस के लोग करावल मंदिर में दर्शन, खाये-पिये के कइल बढ़िया इंतेजाम, वीडियो वायरल होखते चार निलंबित।
  5. झारखंड: जल्दिये सुरू होई रांची से बनारस खातिर सीधा विमान सेवा, एयरलाइन्स कंपनियन के प्रस्ताव।
  6. सोनिया-राहुल से पूछताछ करी ED, 55 करोड़ के गड़बड़ी के आरोप।
  7. मूसेवाला के हत्या के बाद लौरेंस के खिलाफ 4 गंगेस्टर भइले एक, गैंगवार के आशंका।
  8. केके के निधन कार्डियक अरेस्ट से भइल, आज मुंबई में होई अंतिम संस्कार।
  9. जम्मू कश्मीर के शोपीया में एगो गाड़ी में विस्फोट, 3 जवान घायल।
  10. इस्तीफा के खबर अइला के बाद गांगुली के सफाई- हम ऐप के बात करत रहनी हs।
265520cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.