Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

232
  1. उत्तर प्रदेश- गोरखपुर मंदिर के सुरक्षा में लागल जवानन पs हमला, हमलावर धराइल। घायल पीएसी जवानन के चल रहल बा इलाज।
  2. उत्तर प्रदेश- मनीष हत्याकांड: आरोपी इंस्पेक्टर के घर ढहाइल। मकान गिरावे के नोटिस देले रहे एलडीए। गोरखपुर के होटल में भइल रहे हत्या।
  3. बिहार: MLC चुनाव- कड़ा सुरक्षा के बीचे 24 सीट पs हो रहल बा मतदान, 185 प्रत्यासी बा लो मैदान में।
  4. बिहार: चिराग पासवान के नितीश कुमार पs ‘प्रहार’, कहले- समाज के बांटे में लागल बाड़े सीएम।
  5. झारखंड: महिला जूनियर हॉकी में झारखंड बनल उपविजेता, हरियाणा से मिलल हार।
  6. पाकिस्तान: पाकिस्तान में संसद भंग, इमरान के प्रधानमंत्री पद से हटावल गइल। अविश्वास प्रस्ताव खारिज सुप्रीम कोर्ट में आज होई सुनवाई।
  7. गोवा: गोवा में भइल विभागन के बंटवारा, CM सावंत गृह आ वित्त विभाग के संभरिहे कमान।
  8. श्रीलंका: इमरजेंसी के बीचे पूरा कैबिनेट के इस्तीफा, पीएम आ राष्ट्रपति के छोड़ सभे मंत्री छोड़ल लो पद।
  9. हॉकी: जूनियर महिला विश्व कप में भारत के जर्मनी पs जीत, भारत क्वार्टर फाइनल में। FIH प्रो लीग में भारत इंग्लैंड के हरवलस।
  10. आईपीएल: ना चलल नाया कप्तान जडेजा के जादू, चेन्नई के झेले के पड़ल लगातार तीसरा हार। आज हैदराबाद के भिड़ंत लखनऊ से।
235950cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.