Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 गो बड़ खबर

283
  1. उत्तर प्रदेश: गोरखनाथ मंदिर में पुलिसकर्मियन पs हमला करे आला आरोपी के 14 दिन के न्यायिक हिरासत। आरोपी के लगे से मिलल सनसनीखेज दस्तावेज।
  2. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी श्रावस्ती से सुरू कइले ”स्कूल चलो अभियान”, शिक्षक लोगन से अभियान के सफल बनावे के अपील।
  3. बिहार: MLC चुनाव में 97.84% मतदान, कुल 185 प्रत्यासियन के भाग बैलेट बॉक्स में भइल बन। पटना में माले, कटिहार में JDU-BJP के विधायकन पs FIR, झण्डा लगा के गाड़ी से गइल रहे लो मतदान केंद्र पs।
  4. बिहार: फेर मुसीबत में लालू यादव! सुप्रीम कोर्ट करी जमानत रद्द करे के याचिका पs सुनवाई।
  5. झारखंड: प्रकृति के पर्व सरहुल के धूम, लोगन के संगे जम के थिरकले सीएम हेमंत सोरेन, राज्यपाल देले बधाई।
  6. पाकिस्तान: पाकिस्तान के NSA मोईद युसुफ के इस्तीफा। सुप्रीम कोर्ट में विपक्ष के अर्जी खारिज, सुनवाई बिहान ले टलल।
  7. श्रीलंका: सेंट्रल बैंक के गवर्नर के इस्तीफा, राष्ट्रपति विपक्ष में सामिल होखे के कहले।
  8. रूस-यूक्रेन युद्ध; बूचा में नरसंहार, सड़क पs लाशन के ढ़ेर, रूस के सेना पs बा नरसंहार के आरोप।
  9. जीडीपी: वित्त वर्ष 2022-23 में 7.4% रह सकत बा जीडीपी, फिक्की के अनुमान।
  10. आईपीएल: हैदराबाद आ लखनऊ के टक्कर अब से तनी देर में, हैदराबाद के टॉस जीत के गेंदबाजी के फसीला।
236450cookie-checkसाँझ के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.