जूनियर हॉकी विश्व कप: भारतीय महिला हॉकी टीम सनिचर के पूल डी के मुकाबला में वेल्स के 5-1 से हरा के एफआईएच जूनियर हॉकी विश्व कप में धमाकेदार अंदाज में आगाज कइलस। भारत खातिर लालरेमसियामी चउथा, लालरिंडिकी बतीसवां आ मुमताज इकतालीसवां मिनट में मैदानी गोल कइल लो। लालरिडिंकी संतावनवां आ दीपिका अंठावनवां मिनट में दू गो पेनाल कॉर्नर के गोल में बदलल लो।
चउथा मिनट में खुलल खाता
भारत सुरुए में पेनाल्टी कोर्नर हासिल कs के निमन सुरूआत कइलस बाकिर वेल्स के गोलकीपर दीपिका के ड्रैग फ्लिक के रोक देली। वेल्स के टीम भारत के जादे देर ले ना रोक सकल आ भारत के पहिला गोल चउथके मिनट में मिल गइल।






