[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पूर्व मंत्री कार्तिक सिंह के मिली राहत कि बढ़ी टेंशन? दानापुर कोर्ट में बिल्डर अपहरण केस के सुनवाई आज, फरार चल रहल बाड़े पूर्व कानून मंत्री।
  2. बिहार: फूलपुर प बीजेपी-जेडीयू आमने-सामने, सुशील मोदी कहले- नितीश कुमार के जमानत जब्त हो जाई। JDU के पलटवार- BJP आगाजे से परेसान।
  3. उत्तर प्रदेश: देवरिया में मकान गिरल, परिवार के तीन लोगन के मौत; माई-बाप आ 2 साल के बेटी के जान गइल, महिला घायल। अंसारी रोड के लगे जर्जर मकान गिरला से भइल हादसा।
  4. उत्तर प्रदेश: 6 जिलन के सीडीओ समेत 17 IAS के ट्रान्सफर, गाजियाबाद के नगर आयुक्त GDA उपाध्यक्ष बनले।देर रात आइल तबादला के शासन के तरफ से आदेश।
  5. झारखंड: हेमंत सोरेन के विधायकी प राजभवन के चुप्पी, अब सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटइहे सीएम; एह हफ्ता आ सकेला फसीला, खनन लीज ममिला में चुनाव आयोग पहिलही दे चुकल बा आपन राय।
  6. मोहाली वीडियो कांड: छात्रन के धरना-प्रदर्शन खतम, वॉर्डन के हटावल गइल, यूनिवर्सिटी छव दिन खातिर बंद; यूनिवर्सिटी में कुछ छात्रा लोगन के नहात घरी के वीडियो वायरल होखला के खबर फइलला के बाद सनीचर के आधा रात से छात्रन द्वारा जोरदार विरोध प्रदर्शन शुरू कइल गइल जवन अतवारो के दिनभर जारी रहल। हालांकि देर रात ई धरना प्रदर्शन समाप्त हो गइल। पुलिस प्रशासन छात्रन के सब मांगन के मान लेलस।
  7. पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड में शूटरन के राजस्थान से मुहैया करावल गइल रहे हथियार, नेपाल-पश्चिम बंगाल सीमा से गिरफ्तार शूटर दीपक मुंडी पूछताछ में कइलस खुलासा।
  8. एलिजाबेथ द्वितीय के अंतिम संस्कार आज: महामहिम द्रौपदी मुर्मु लंदन पहुंच के देली श्रद्धांजली, ब्रिटेन में बा 10 दिन के राष्ट्रीय शोक।
  9. ताइवान के दक्षिणी पूर्वी तट प 2 दिन में दु बेर आइल भूकंप, जापान में सुनामी के अलर्ट जारी।
  10. भारतीय महिला क्रिकेट टीम के पहिला एकदिवसीय मुकाबला में इंग्लैंड प धमाकेदार जीत, 7 विकेट से हरवलस, स्मृति मंधाना के सानदार अर्धशतक। 
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]