Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह 18 सितंबर से तीन दिन के मिस्र दौरा प, रक्षा सहयोग के बढ़ावा देवे प दिहें जोर

436

Rajnath Singh to visit Egypt: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह अतवार से मिस्र के तीन दिन के यात्रा करिहें। एह दौरान ऊ द्विपक्षीय रक्षा संबंधन के प्रगाढ़ करे के लेके उहां के आपन समकक्ष मंत्री के संगे चर्चा करिहें।

रक्षा मंत्रालय कहलस कि सिंह के यात्रा के दौरान भारत आ मिस्र के बीचे रक्षा सहयोग बढ़ावे खातिर एगो सहमति पत्र प हस्ताक्षरो कइल जाई।

दुनो पक्ष द्विपक्षीय रक्षा संबंधन के समीक्षा करी- मंत्रालय

सिंह ट्वीट कइलें, “मिस्र के तीन दिवसीय यात्रा पs हम, काल्ह 18 सितंबर के काहिरा में रहेम।” ऊ कहले, “दुनो देशन के बीच रक्षा सहयोग के आउर मजबूत करे खातिर अपना समकक्ष जनरल मोहम्मद अहमद जाकी के संगे चर्चा करे के लेके आशान्वित बानी।  मंत्रालय कहलस कि दुनो पक्ष द्विपक्षीय रक्षा संबंधन के समीक्षा करी आ दुनो देशन के सेना के के बीच संपर्क बढ़ावे के नाया तरीका खोजी लो आ दुनो देशन के रक्षा उद्योगन के बीच सहयोग प्रगाढ़ करे पs जोर दिही लो।क़

मिस्र के राष्ट्रपति से भी मिलेंगे रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह

रक्षा मंत्रालय एगो बयान में कहलस, “रक्षा मंत्री मिस्र के राष्ट्रपति अब्देल फतह अल सीसी से मिलिहें। सिंह के यात्रा के उद्देश्य रक्षा सहयोग, भारत आ मिस्र के बीच विशेष मैत्री के आउर प्रगाढ़ कइल बा।”

मिस्र के राष्ट्रपति मंगर के कतर के पहिला यात्रा पs गइले

गौर करे आला बात बा कि मिस्र के राष्ट्रपति मंगर के कतर के पहिला यात्रा प गइले। उनकर ई दु दिवसीय यात्रा मिस्र आ कतर के बीच तेजी से सुधरत द्विपक्षीय संबंधन के बीच भइल। मिस्र समेत चार गो अरब देशन के ओर से साल भर से कतर के कइल जा रहल बहिष्कार 2021 में समाप्त भइल रहे। दुनो देशन के बीच 2013 में तब रिश्ता बिगड़ गइल रहे जब तब के रक्षा मंत्री के तौर पs अल सीसी मिस्र के इस्लामिक राटष्ट्रपति मोहम्मद मोरसी के सत्ता के सैन्य तख्तापलट कइले रहस। मुस्लिम ब्रदरहुड से संबद्ध मोरसी के कतर के समर्थन प्राप्त रहे। सन् 2017 में कतर के बहिष्कार करे में मिस्र सऊदी अरब, संयुक्त अरब अमीरात आ बहरीन के साथे हो गइल आ ओकरा के आपन नीति बदले खातिर बाध्य करे लागल। बरिस 2021 में कतर संबंध सामान्य करे खातिर एह चारों देशन के संगे करार कइलस।

ओहिजा बीतल महीना मिस्र के गीजा शहर के एगो चर्च में सबेरे प्रार्थना के दौरान आग लगला से 15 लईकन सहित कम से कम 41 लोगन के मौत हो गइल रहे आ कइयन गो आउर लोग झुलस गइल रहे। एह घटना के लेके विदेश मंत्री एस जयशंकर शोक व्यक्त कइले रहस। जयशंकर ट्वीट कइले,

“गीजा के एक चर्च में लगी भीषण आग में हुई जनहानि पर विदेश मंत्री समेह शौकरी और मिस्र के लोगों के प्रति गहरी संवेदना जताता हूं।” उन्होंने कहा, “हमारी संवेदनाएं मृतकों के परिवारों के साथ हैं। घायलों के शीघ्र स्वस्थ होने की कामना करता हूं।

333790cookie-checkरक्षा मंत्री राजनाथ सिंह 18 सितंबर से तीन दिन के मिस्र दौरा प, रक्षा सहयोग के बढ़ावा देवे प दिहें जोर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.