[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: गर्लफ्रैंड के एगोेे मैसेज आ पकड़ा गइल बेगूसराय गोली कांड के आरोपी: लिखलस- डॉन नागा के पकड़ल मुश्किले ना… नामुमकिन, पुलिस के मोबाइल लोकेशन मिलल।
  2. बिहार: अब किडनी के इलाज खातिर सिंगापुर जइहें लालू, कोर्ट देलस पासपोर्ट रिलीज के अनुमति, 24 सितंबर के डॉक्टर से लिहल बा समय।
  3. उत्तर प्रदेश: नर्सिंग आ पैरामेडिकल ट्रैनिंग खातिर ‘मिशन निरामया’; सीएम योगी बोलले- नर्सिंग सेक्टर में करियर बेहतर बा। कहले- मानक पूरा ना करे वाला कॉलेज के मान्यता ना मिली।
  4. उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी के जन्मदिन के सहारे 2024 के तइयारी में भाजपा, सेवा पखवाड़ा में 15 दिन पब्लिक के बीचे रही लो भाजपा नेता, फीडबैक ली लो।
  5. झारखंड: पूर्व मुख्यमंत्री बाबूलाल मरांडी कहले- हेमंत खुदे जानत बाड़ें ई स्थानीय नीति हाईकोर्ट में खारिज हो जाई, 1936 के खतियान के आधार प स्थानीय नीति भइल बा कैबिनेट में पास।
  6. 72 साल के भइलें पीएम मोदी, 3036 दिन तक प्रधानमंत्री रहे वाला पहिला गैर-कांग्रेसी, 8 साल में 67 बिदेसी दौरा कइलें। भाजपा के फायर ब्रांड नेता मोदी के समूचा दुनिया में लगातार बढ़त आइल बा रुतबा।
  7. 70 साल बाद भारत अइले स चीता: नामीबिया से ग्वालियर पहुंचल स्पेशल प्लेन, चीतन के कूनो में छोड़िहें पीएम मोदी।
  8. रूस युक्रेन युद्ध पूरा होखला के बाद पहिला बेर मिलले मोदी-पुतिन, 50 मिनट तक चलल बातचीत, मोदी कहले आज के जुग युद्ध के नइखे, जबाब में पुतिन कहले कि हम चाहत बानी युक्रेन से युद्ध जल्दिये खतम होखे।
  9. इजराइल के सीरिया के दमिश्क एयरपोर्ट प एयर स्ट्राइक, 5 सीरियाई सैनिकन के मौत।
  10. लीजेंड्स क्रिकेट लीग: स्पेशल मैच में इंडिया महाराजा के वर्ल्ड जॉइंट्स प 6 विकेट से जीत, यूसुफ पठान आ तन्मय श्रीवास्तव के बैटिंग आ पंकज सिंह के बोलिंग में जलवा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]