Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM Narendra Modi Birthday: प्रधानमंत्री मोदी के जन्मदिन आज, चार अहम कार्यक्रमन के करिहें संबोधित

शंघाई सहयोग संगठन शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेला के बाद प्रधानमंत्री स्वदेश लवटल बाड़ें। प्रधानमंत्री के अइला के संगही आज नामीबिया से आठ गो चीता भारत पहुचिहें स। एह मौका प प्रधानमंत्री राष्ट्र के संबोधित करिहें। आज प्रधानमंत्री मोदी के जन्मदिनो बा।

301

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सनीचर के 72 बरिस के हो जइहें। अपना जन्मदिन प प्रधानमंत्री एह दिन चार अहम कार्यक्रमन में आपन संबोधन दिहें। सबसे पहिले पीएम सनीचर के नामीबिया से 8 चीतन के भारत अइला के अवसर प राष्ट्र के संबोधित करिहें। एकरा अलावे पीएम तीन गो आउर अहम कार्यक्रमन के संबोधित करिहें। सनीचरे के भाजपा सेवा अभियान पखवाड़ा के शुरुआत करी। अपना जन्म दिन प पीएम सबसे पहिले 70 साल पहिले विलुप्त घोषित क दिहल गइल चीता के भारत ले आवल जाये के अवसर प राष्ट्र के संबोधित करिहें।

गौर करे आला बात बा कि नामीबिया से आठ चीता सनीचरे के कुनो राष्ट्रीय उद्यान ले आवल जा रहल बा। एकनी के पीएम राष्ट्रीय उद्यान में छोड़िहें। एह विषय प राष्ट्र के नाम अपना संबोधन में पीएम वन्यजीव आ पर्यावरण के सुरक्षा प आपन बात रखिहें।

राष्ट्र के नाम संबोधन के बाद पीएम मध्यप्रदेश में स्वयं सहायता समूहन के सम्मेलन के संबोधित करिहें। फेर विश्वकर्मा जयंती के अवसर प आईटीआई के छात्रन के पहिला दीक्षांत समारोह में छात्रन के संबोधित करिहें। एह कार्यक्रम में करीब 40 लाख छात्र शामिल होइहें। एही दिन साँझी खा पीएम नेशनल लॉजिस्टिक पॉलिसी के शुभारंभ करत आपन विचार रखिहें।

भाजपा के सेवा अभियान पखवाड़ा

भाजपा पीएम के जन्म दिन के 17 सितंबर से गांधी जयंती माने दु अक्टूबर तक मनाई। पार्टी एकरा सेवा अभियान पखवाड़ा के नाम देले बिया। एकरा तहत सब जिलन में अनेकता में एकता उत्सव मनावे के संगही एगो श्रेष्ठ भारत के संदेश दिहल जाई। एह अभियान के तहत वृक्षारोपण, स्वच्छता, जल संरक्षण अभियान, दिव्यांग व्यक्तियन के बीच उपकरण वितरण, स्थानीय उत्पादन के बढ़ावा देवे आ मुफ्त स्वास्थ्य जांच शिविर आयोजित कइल जाई।

दु अक्टूबर के महात्मा गांधी के जयंती प खादी एक स्थानीय उत्पादन के उपयोग करे खातिर प्रोत्साहित कइल जाई। भाजपा कार्यकर्ता एक पदाधिकारी एह दौरान योजनन से लाभान्वित लोगन से सीधा संवाद करिहें।

332420cookie-checkPM Narendra Modi Birthday: प्रधानमंत्री मोदी के जन्मदिन आज, चार अहम कार्यक्रमन के करिहें संबोधित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.