[the_ad_group id="30365"]

Twitter Down: ट्विटर भइल डाउन त यूजर्स कहलें, छंटनी के असर होखे लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Twitter के ऑफिस में पिछला दु हफ्ता से बहुत कुछ हो रहल बा। एलन मस्क के मालिक बनतही सीईओ पराग अग्रवाल समेत कइयन गो बड़ लोगन के नौकरी से निकालल गइल बा आ ओकरा बाद से छंटनी जारी बा। एही बीच Twitter के डाउन होखला के खबर बा। 04 नवंबर के सबेरे 3 बजे से यूजर्स के दिक्कत आ रहल बा। डाउनडिटेक्टर के मोताबिक अभी तक करीब 200 लोग Twitter के आउटेज के शिकायत कइले बा लो। अधिकतर यूजर्स के Twitter के वेबसाइट के संगे दिक्कत हो रहल बा। Twitter एप के लेके महज 6 फीसदी लोग शिकायत कइले बा, हालांकि सब यूजर्स के Twitter में दिक्कत नइखे हो रहल। कुछ यूजर्स लॉगिन के लेके परेसान बा लो। ट्विटर के वेबसाइट के एक्सेस कइला प यूजर्स के समथिंग वेंट रॉन्ग के मैसेज मिल रहल बा।
ट्विटर के डाउन होखला के बाद लोग तरे-तरे के मीम्स शेयर कइल जा रहल बा। केहु कह रहल बा ट्विटर डाउन होखला प हम किताब पढ़ल पसंद करेम। कइयन गो यूजर्स इहो कहले बा लो कि ट्विटर डाउन बा त रउआ हमरा के सिग्नल प मैसेज क सकत बानी।

बड़ स्तर प चल रहल बा छंटनी

एलन मस्क के मालिक बनला के बाद ट्विटर में बड़ स्तर प छंटनी हो रहल बा। ट्विटर में कर्मचारियन के छंटनी आज माने 4 नवंबर से शुरू हो गइल बा। कंपनी के बुनियादी ढांचा (Infrastructure Cost Cutiing) के लागत घटाके करीब एक अरब डॉलर 82 अरब रुपिया बचावल चाहत बाड़ें।

एगो रिपोर्ट के अनुसार मस्क ट्विटर इंकार्पोरेशन (Twitter Inc) के नया प्रबंधकन से कहले बाड़ें कि ऊ इंफ्रास्ट्रक्चर के लागत कम करे खातिर डेग उठावे लो। ऊ कहले कि ऊ ट्विटर खर्च सालाना 1 अरब डॉलर कम कइल चाहत बाड़ें। मस्क खर्च में कटौती के एह योजना के ‘डीप कट्स प्लान’ नाम दिहले बाड़ें।

खर्च कटौती के योजना से जुड़ल सूत्रन के अनुसार ट्विटर के एगो आंतरिक संदेश में कहल गइल बा कि कंपनी के लक्ष्य सर्वर आ क्लाउड सेवा से रोजाना 15 लाख डॉलर आ 30 लाख डॉलर के बचत कइल बा। आंतरिक दस्तावेज के अनुसार ट्विटर के फिलहाल रोज 30 लाख डॉलर के नुकसान हो रहल बा। हालांकि, एह योजना के लेके अधिकृत रूप से बयान नइखें आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]