Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morbi bridge collapse: PM मोदी के रोड शो रद्द, आज जा सकत बाड़े मोरबी; 132 लोगन के मौत

PMO ट्वीट कके कहलस कि मोदी एह संबंध में गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेन्द्र पटेल आ आउर अधिकारियन से बात कइलें। मोदी राहत आ बचाव कार्यन खातिर रेस्क्यू टीम तत्काल तैनात करे के कहलें।

650

गुजरात के मोरबी शहर में अतवार सांझ के भइल पुल हादसा में मरे वालन के संख्या 132 पहुंच गइल बा। कुछ घायलन के स्थिति अभियो गंभीर बतावल जा रहल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज मोरबी जा सकत बाड़े। एह दौरान उनकर घायलन आ मृतकन के परिवार वालन से मिले के संभावना जतावल जा रहल बा। दरअसल, पीएम मोदी गुजरात आ राजस्थान के तीन दिन के दौरा प बाड़े। हादसा के चलते उनका कार्यक्रम में बदलाव कइल गइल बा। सोमार के अहमदाबाद में मोदी के ओर से होखे वाला रोड शो रद्द क दिहल गइल बा।

बीजेपी गुजरात मीडिया सेल बतवलस कि प्रधानमंत्री मोदी के वर्चुअल उपस्थिति में होखे वाला पेज कमेटी स्नेह मिलन कार्यक्रम स्थगित क दिहल गइल बा। मीडिया संयोजक डॉ याग्नेश दवे कहलें कि मोरबी त्रासदी के मद्देनजर सोमार के कवनो कार्यक्रम ना होई। हालांकि, 2,900 करोड़ रुपिया के रेलवे प्रोजेक्ट के समर्पित करे के कार्यक्रम कैंसिल नइखें कइल गइल।

पूरा रात चलत रहल राहत आ बचाव कार्य: गृह मंत्री

राज्य के गृह मंत्री हर्ष संघवी बतवले कि घटना के तुरंत बाद नेवी, NDRF, वायुसेना आ सेना तेजी से मवका प पहुंच गइल। पूरा रात राहत आ बचाव कार्य चलावल गइल। एह काम में 200 से बेसी लोग लागल बा। एकरा पहिले पीएम मोदी मोरबी में पुल टूटला से भइल हादसा प दुख जतावल जाला। प्रधानमंत्री कार्यालय (PMO) ट्वीट क के कहलस कि मोदी एह संबंध में गुजरात के मुख्यमंत्री भूपेन्द्र पटेल आ आउर अधिकारियन से बात कइलें। मोदी राहत आ बचाव काम खातिर रेस्क्यू टीम तत्काल तैनात करे के कहलें। ऊ मोरबी दुर्घटना में जान गंवावे वाला हर परिजन खातिर पीएमएनआरएफ (प्रधानमंत्री राष्ट्रीय राहत कोष) से 2-2 लाख रुपिया के सहायता आ घायलन के 50,000 रुपिया देवे के घोषणा कइलस।

मालूम होखे कि ई पुल करीब एक सदी पुरान रहे आ मरम्मत के बाद हाले में लोग खातिर खोलल गइल रहे। अधिकारी कहलें कि हाले में मरम्मत के बाद जनता खातिर चार दिन पहिले फेर से खोलल गइल पुल प लोगन के बहुते भीड़ रहे। ऊ बतवले कि पुल सा करीब साढ़े छह बजे टूट गइल।

मृतक के परिवार के 4 लाख के सहायता राशि

सीएम पटेल कहलें कि मोरबी झूलत पुल टूटला के दुर्घटना से अत्यंत व्यथित बानी, एह हादसा में जान गंवावे वाला नागरिकन के परिवारन के प्रति संवेदना व्यक्त करत बानी। राज्य सरकार एह हादसा के हर मृतक के परिवार के 4 लाख रुपिया आ घायलन के 50,000 रुपिया के सहायता प्रदान करी। ऊ कहलें कि प्रधानमंत्री स्थिति प लगातार निगरानी करे आ प्रभावित लोगन के हर संभव मदद देवे के कहलें।

कांग्रेस मानव निर्मित त्रासदी बतावल 

कांग्रेस के कुछ नेता घटना के लेके भाजपा प निशाना साधल लो आ रणदीप सुरजेवाला एकरा के मानव निर्मित त्रासदी बतवलें। कांग्रेस के वरिष्ठ नेता दिग्विजय सिंह पूछलें कि गुजरात के मोरबी जिला में मच्छू नदी प बनल केबल पुल के गिरल दैवीय घटना ह कि धोखाधड़ी के कृत्य? ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओहि वाक्य के दोहरावत रहलें जवन ऊ 31 मार्च, 2016 के कोलकाता में विवेकानंद रोड फ्लाईओवर गिरला के बाद पश्चिम बंगाल में ममता बनर्जी के नेतृत्व वाली सरकार प कटाक्ष करत एगो रैली में इस्तेमाल कइलें रहस। ओहू घटना में कइयन लोग मारल गइल रहे।

365950cookie-checkMorbi bridge collapse: PM मोदी के रोड शो रद्द, आज जा सकत बाड़े मोरबी; 132 लोगन के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.