[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: माई के साथ छठ पूजा में गइल किशोर के पोखरा में बुड़ला से मौत, आंखीं के सोझही डूब गइल लाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जनपद के एकौना थाना क्षेत्र के पोखरा में स्नान करे के दौरान डूब के मरले से एक किशोर के मौत हो गइल। उ छठ घाट पर अपने माई के साथ पूजा में शामिल होखे गइल रहे। उ साथियन के साथ नहइले के दौरान गहिर पानी में चल गइल। किशोर के मौत से छठ घाट पर मातम पसर गइल। घटना विशुनपुर गांव में सोमार के बिहाने भइल। ऊ जनता इंटर कॉलेज पिपरा कछार में कक्षा 11वीं के छात्र रहलें।

विशुनपुर गांव के रामनुज सिंह के परिवार छठ मनावे खातिर गांव के पोखरा पर गइल रहलें। उनकर बेटा सत्यम सिंह 17 वर्ष अउर माई ऊषा देवी के संगे गइल रहलें। व्रती महिला लोग पोखरा में भगवान सूर्य के अर्घ्य देवे खातिर ठाढ़ रहली। एह दौरान कुछ लइके पोखरा में नहाए लगनें। सत्यम नहइले के दौरान गहिर पानी में गइले से डूब गइल।

उनके डूबत देख घाट पर मौजूद लोग बचावे के कूद पड़ल। पानी से डूबल किशोर के निकाल कर लोग सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र रुद्रपुर ले गइल, जहां चिकित्सक उनके मृतक बतवलें। उसके मुअले खबर से घाट पर मौजूद लोग गमगीन हो गइल। मौका पर पहुंचल एसडीएम ध्रुव कुमार शुक्ला अउर सीओ जिलाजीत घटना के जांच कइलें।

माई के आंखी के सोझही डूब गइलें सत्यम

विशुनपुर गांव में सूर्य के अर्घ्य देवे खातिर पोखरा में ठाढ़ माई ऊषा देवी के सोझही उनकर लाल सत्यम डूब गइलें। बेटा के लमहर आयु खातिर व्रत रखल माई अपने छोट बेटा के शव पोखरा से निकलतही बदहवाश हो गइली। ऊ छठ घाट पर व्रती महिला लोग से लिपट कर रोए लगली। पोखरा के किनारे पिता रामानुज सिंह बेसुध पडल रहनें। उ छठ मनावे दिल्ली से घर लौटल रहनें। ग्रामीणन के अनुसार छठ घाट पर मौजूद पुलिस लइका के पोखरा में नहइले से रोकले रहित, त शायद ई घटना नाइ होइत। मृतक सत्यम दू भाईयन अउर चार बहिन में सबसे छोट रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]