[the_ad_group id="30365"]

छठ प औरंगाबाद के देव सूर्य मंदिर में बड़ हादसा, भीड़ में दबके महिला के मौत, एगो बच्ची के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के मोरबी में केबल ब्रिज टूटला से जहां कइयन लोगन के मौत भइल बा, ओहिजा औरंगाबाद के प्रसिद्ध देव सूर्य मंदिर में भीड़ में दबके एगो महिला के मौत हो गइल। एमे ओकर बच्ची गंभीर रुप से घायल हो गइल। चिकित्सकन के मोताबिक बच्ची के हालत अति गंभीर बनल बा। मृतक महिला के पहचान विहिया इंग्लिश भोजपुर निवासी रामकिशोर सिंह के पत्नी मीरा देवी के रुप में भइल बा। 45 बरिस के मीरा देवी अपना परिवार के पांच लोगन के संगे देव में छठ परब करे आइल रहली। घटना में घायल उनका बेटी के नाम खुशी ह।

भीड़ में दबला से भइल हादसा: परिजन

परिजन लोग बतावल कि भीड़ बहुत जादे रहे। अइसन में पता ना चल सकल कि कइसे दुनो लोग बुरा तरे से दब गइल। बाद में आनन-फानन में महिला आ बच्ची के अस्पताल ले आवल गइल। उहां चिकित्सक लोग महिला के मृत घोषित क दिहल। घटना के बाद से परिजनb के रो-रोके बुरा हाल बा। छठ के उत्साह के बीच घर में मातम पसर गइल बा। परिजनन के कहनाम बा कि प्रशासन के लापरवाही से सांझी खा अर्घ्य के बेरा एतना जादे भीड़ भइल। संगही, प्रशासन के व्यवस्था बहुते लचर रहे। लोगन के रोके खातिर कवनो इंतजाम ना कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]