मोहन भागवत बोललें- RSS हमेशा आरक्षण के समर्थन में, बाकिर कुछ लोग झूठा वीडियो फइला रहल बा

Share

राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ (RSS) प्रमुख मोहन भागवत अतवार के कहलें कि संघ कबो कुछ खास वर्ग के दिहल जाये वाला आरक्षण के विरोध नइखे कइले। हैदराबाद में एगो कार्यक्रम में भागवत कहलें कि संघ के मानल बा कि जब तक जरूरत बा, आरक्षण जारी रहे के चाहीं।

भागवत ई बात भाजपा आ कांग्रेस के बीच आरक्षण के लेके चल रहल जुबानी जंग के बाद दोहरवलें। ऊ कहलें कि कुछ लोग संगठन के विपरीत विचार वाला झूठा वीडियो फइला रहल बा लो।

RSS प्रमुख भागवत पिछला साल नागपुर में कहले रहस कि जब तक समाज में भेदभाव बा, तब तक आरक्षण जारी रहे के चाहीं। ऊ कहले रहस कि समाज में भेदभाव मवजूद बा, भलही उ ना लउकत होखे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-