[the_ad_group id="30365"]

अमित शाह के फर्जी वीडियो केस में पहिलका कार्रवाई, असम से एगो व्यक्ति गिरफ्तार; दिल्ली पुलिस तेलंगाना सीएम के कइलस तलब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Amit Shah fake video अमित शाह के फेक वीडियो मामला में गृह मंत्रालय के शिकायत के बाद दिल्ली पुलिस जहाँ तेलंगाना के सीएम रेवंत रेड्डी के नोटिस भेजलस तऽ ओहिजा असम पुलिसो एक्शन में बिया। एह सिलसिला में अब असम से रीतम सिंह नाम के एगो व्यक्ति के गिरफ्तार कइल गइल। एह बात के जानकारी असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्व सरमा अपना एक्स हैंडल पs देले।

Amit Shah fake video केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के फेक वीडियो मामला में अब एक्शन तेज हो गइल बा। गृह मंत्रालय के शिकायत के बाद दिल्ली पुलिस जहां तेलंगाना के सीएम रेवंत रेड्डी के नोटिस भेजलस तऽ ओहिजा असम पुलिसो एक्शन में बिया।

असम पुलिस एगो व्यक्ति के कइसल गिरफ्तार

एह सिलसिला में अब असम से रीतम सिंह नाम के एगो व्यक्ति के गिरफ्तार कइल गइल। एह बात के जानकारी असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्व सरमा अपना एक्स हैंडल पs देले।

आरक्षण पऽ फर्जी वीडियो वायरल, दिल्ली पुलिस एक्शन में

दिल्ली पुलिस के अनुसार, विशेष सेल हर सोशल मीडिया प्लेटफार्मों पs आरक्षण के मुदा के संबंध में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के भाषण के एगो फर्जी वीडियो के प्रसार के संबंध में एगो एफआईआर दर्ज कइल गइल बा। गृह मंत्रालय शिकायत में लिखले रहे कि ई पावल गइल बा कि फेसबुक आ ट्विटर के उपयोगकर्ता के ओर से कुछ छेड़छाड़ कइल गइल वीडियो प्रसारित कइल जा रहल बा।

केस दर्ज होखला के बाद अब स्पेशल सेल के इंटेलिजेंस फ्यूजन एंड स्ट्रैटेजिक ऑपरेशंस (IFSO) यूनिट जांच शुरू कर देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]