[the_ad_group id="30365"]

लखीमपुर खीरी में दु लोगन के मउत, खिसियाइल भीड़ बस में लगवलस आग, हाईवे पs जाम

हादसा के बाद हाईवे पs बवाल : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लखीमपुर खेरी के सीतापुर फोरलेन हाईवे पs बस के टक्कर में दू जने के मउत हो गइल. सोमार के सांझ के भईल इs हादसा। दुर्घटना के बाद खिसियाइल लोग हाईवे पs हंगामा मचवले। भीड़ बस के जरा दिहलस। सूचना मिलते भारी पुलिस बल मौका पs पहुंच गईल। स्थिति के काबू में राखे के कोशिश कईल जाता।

जानकारी के मुताबिक सदर कोतवाली इलाका के लखीमपुर-सीतापुर फोरलेन हाईवे पs गांव मुड़िया खेड़ा के सोझा जल भवन के नजदीक सोमार के सांझ के एगो बस से दु लोग के कुचल दिहल गईल, जवना के चलते दुनो लोग के मौका पs मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद चालक फरार हो गईल। मौका पs स्थानीय लोग के भीड़ जमा हो गईल।

खिसियाइल भीड़ ना खाली जगह के जाम कs के विरोध करे लगले बलुक बस में आग लगा दिहलस। मौका पs पहुंचल पुलिस गांव के लोग के समझावे के कोशिश में जुटल बिया। बतावल जाता कि जवना बस में दुर्घटना भईल बा, उs बस रोडवेज के अनुबंधित बतावल जाता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]