यूपी: दुर्गा जागरण में डांस करत घरी भइल लइका के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

  यूपी के सीतापुर में दुर्गा जागरण के दौरान नाचत एगो लईका के मौत हो गईल। अचानक भईल एs घटना से मौका पs हलचल मच गईल अवुरी जागरण में भगदड़ मच गईल। मिलल जानकारी के

Share

दुर्घटना: फोटो

 

यूपी के सीतापुर में दुर्गा जागरण के दौरान नाचत एगो लईका के मौत हो गईल। अचानक भईल एs घटना से मौका पs हलचल मच गईल अवुरी जागरण में भगदड़ मच गईल। मिलल जानकारी के मुताबिक मरेवाला लईका यूट्यूबर रहे।

पूरा बात का बा?

मामला सदरपुर थाना क्षेत्र के हs। मरेवाला लईका के पहचान विकास चौहान के रूप में भईल बा। विकास यूट्यूबर रहले आ छोट-छोट वीडियो बनावत रहले. दुर्गा जागरण में नाचत घरी अचानक गिर के मर गइलन.  जइसहीं लोग के घटना के जानकारी मिलल, जागरण में भगदड़ मच गईल। परिवार के लोग भी पुलिस के सूचना दिहल जरूरी ना समझले अवुरी जल्दबाजी में लईका के अंतिम संस्कार कईले। एह घटना से इलाका के लोग में मायूसी पैदा हो गइल बा.

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.