[the_ad_group id="30365"]

Mainpuri News: शराब पिये से रोकला पऽ युवक कइलस आत्महत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैनपुरी में परिवार के लोग शराब पीये से रोकले तऽ एगो युवक आत्महत्या कऽ लेलस। ओकर लाश ओकरा खुद के खेत में पेड़ से लटकल मिलल।

सोमवार के उत्तर प्रदेश के मैनपुरी में एगो युवक के लाश पेड़ से लटकल मिलल। गांव के लोग देख के मौका प भीड़ जमा हो गइल। परिवार के लोगो रोवत-रोवत उहाँ पहुंचले। पुलिस सूचना मिलला के बाद मौका पs पहुंचल अउरी जानकारी एकट्ठा कइलस।

बिछवां थाना क्षेत्र के बीलो गांव के घटना हऽ। गांव के निवासी महेश शाक्य के लाश उनका खेत में पेड़ से लटकल मिलल। सूचना पऽ थाना प्रभारी पुलिस टीम के संगे मौका पऽ पहुंचले आ जानकारी एकट्ठा कइले। बतावल जाता कि शराब पियला से माना कइला पऽ उऽ आत्महत्या कऽ लेले बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]