[the_ad_group id="30365"]

श्री सरयू राय के द्वारा पंडित दीनदयाल उपाध्याय के 107वीं जयंती के उपलक्ष्य में सिदगोड़ा स्थित सोन मंडप में रक्तदान शिविर के कइल गइल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमशेदपुर: जमशेदपुर पूर्वी के विधायक श्री सरयू राय के द्वारा पंडित दीनदयाल उपाध्याय के 107वीं जयंती के उपलक्ष्य में सिदगोड़ा स्थित सोन मंडप में रक्तदान शिविर के आयोजन कइल गइल। विधायक सरयू राय द्वारा पंडित दीनदयाल जी के जयंती के समर्पण दिवस के रूप में मनावे खातिर रक्तदान शिविर के आयोजन करे के निर्णय लिहल गइल रहे। रक्तदान करे खातिर कुल 1792 लोग पंजीकरण करवले रहे, जेमे से सांझ 5 बजे ले कुल 748 यूनिट रक्त दान पूर्ण हो गइल रहे। समय के अभाव में रक्तदान करे से वंचित रह गइल रक्तदाता बिहने बिष्टुपुर स्थित ब्लड बैंक जाके रक्तदान करी लो।

रक्तदाता लोगन के हौंसला बढ़ावल सभे अतिथिगण

रक्तदान शिविर के शुभारंभ विधायक सरयू राय, वीमेंस यूनिवर्सिटी के कुलपति एंजिला गुप्ता, आर एस बी गु्रप के निदेशक एस के बेहरा, ाटा मोटर्स यूनियन के अध्यक्ष गुरमीत सिंह तोते आ महामंत्री आर के सिंह, टाटा मोटर्स के यूनिट हेड मानस मिश्रा, सिंहभूम चैम्बर आॅफ काॅमर्स के पूर्व अध्यक्ष अशोक भालोटिया, समाजसेवी अमरप्रीत सिंह काले, स्वर्णरेखा क्षेत्र विकास ट्रस्ट के ट्रस्टी अशोक गोयल आ आशुतोष राय, समाजसेवाी चन्द्रशेखर मिश्रा, अरूण बंकरेवाल आ राजु सिघारी, भारतीय जनतंत्र मोर्चा के केन्द्रीय अध्यक्ष धर्मेन्द्र तिवारी, उपाध्यक्ष राम नारायण शर्मा, जिला परिषद सदस्य कविता परमार सहित आउर अतिथि दीप प्रज्ज्वलित कइल लो आ पंडित दीनदयाल जी के तस्वीर पs पुष्प आर्पित करत श्रद्धांजलि प्रदान कइल लो। कार्यक्रम के संचालन जमशेदपुर महानगर अध्यक्ष सुबोध श्रीवास्तव कइले।

रक्तदाता के सर्टिफिकेट प्रदान कइल गइल

विधायक सरयू राय ने सब रक्तदाता लोगन के उत्साह बढ़वले आ सराहना कइले। ऊ कहले कि 15 मिनट के समय निकालके रक्तदान करे से कइयन गो मरीजन के जिंदगी बच जाला। रक्तदान शिविर में रक्तदाता लोग बहुते उत्साह के संगे रक्तदान कइल। कइयन गो जुवा पहिला बेर रक्तदान करत रहे लो आ बहुते उत्साहित रहे लो। विधायक श्री राय सब रक्तदाता लोगन के आभार प्रकट करत ब्लड बैंक के प्रमाण पत्र आ स्मृति चिन्ह के रूप में काॅफी कप प्रदान कइले। विधायक सरयू राय एह रक्तदान शिविर के सफल बनावे के काम में लागल सब लोगन के आभार प्रकट कइले।। ऊ ब्लड बैंक आ रेड क्राॅस सोसाईटी के सब अधिकारियन आ कर्मचारियन के आभार प्रकट कइले जे खूब व्यवस्थित तरीका से रक्तदान के सम्पन्न करावे में महत्वपूर्ण भूमिका निभावल।

रक्तदान शिविर के सफल बनावे में रक्तदान शिविर के प्रभारी रहल राजेश कुमार, इन्द्रजीत सिंह, हरेराम सिंह, सुधीर सिंह, मंजु सिंह, कुलविंदर सिंह पन्नु, मनोज सिंह उज्जैन, अजय सिन्हा, राजेश झा, वंदना नामता, एम चन्द्रशेखर राव, विकास गुप्ता, अमिश शर्मा, राजीव चैहान, विजय नारायण सिंह, महेश तिवारी, दुर्गा राव, शंकर कर्मकार, जय प्रकाश सिंह, बिनोद यादव, बरूण सिंह, राघवेन्द्र प्रताप सिंह, विनोद राय, कैलाश झा, भागवत मुखर्जी, मिस्टु सोना, पुतुल सिंह, काकुली मुखर्जी, रंजीता राय, शेषनाथ पाठक, अभय सिंह, आसीम पाठक, अनिकेत सारवरकर, अमित पाठक, गोल्डेन पाण्डेय, प्रवीण सिंह, राकेश सिंह, समशेर सिंह, अशोक कुमार, गौतम धर, राकेश कुमार, दीपक, रूपेश राय, उत्तम गोराई, नंदिता गागराई, लक्ष्मी सरकार, आदि महत्वपूर्ण जोगदान दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]