[the_ad_group id="30365"]

घर बइठल मीटर रीडर भेजत रहलें मनमाना बिजली बिल, ऊर्जा राज्य मंत्री देहलें मामिला पs संज्ञान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजली निगम के विद्युत समाधान कैंप में मीटर रीडरन के खामी से बनल बिजली बिल के मामला सामने आ रहल बा। एहमें नया मीटर लागल घर में दू से तीन महीना के भीतर 20 हजार यूनिट के खपत के बिजली बिल बन जा रहल बा। एसे साफ बा कि मीटर रीडर उपभोक्ता के आवासीय चाहे परिसर पs जा के बिल नाइ बना रहल बानें। ई मामला उर्जा राज्य मंत्री सोमेंद्र सिंह तोमर के सामने मंगर निरीक्षण में आइल। उ एकरे जांच के निर्देश दिहलें। बुधवार के आइल रिपोर्ट के आधार पर फर्म के कार्रवाई खातिर पत्र लिखल गइल बा।

अधिशासी अभियंता टाउनहाल नवनीत प्रजापति बतवलें कि ऊर्जा राज्य मंत्री के निर्देश पर दुनो कनेक्शन के वास्तविक खपत जांचल गइल। उपभोक्ता अरजबलाल के परिसर में लागल मीटर में वास्तविक रीडिंग 248 यूनिट रहल। उनके बिल में सुधार कs के 3261 रुपया के बिजली बिल दे दिहल गइल बा। जबकि, मीटर ऱीडर 16,541 यूनिट रीडिंग खपत के बिल बना दिहल गइल रहल।

अइसहीं पियूष नायक के परिसर में लागल मीटर के वास्तविक रीडिंग 4959 यूनिट रहल। उनकर बिल सही कsके 47265 रुपया के बिजली बिल उनके दे दिहल गइल बा। इहां भी मीटर रीडर मनमानी तरीका से 31035 हजार यूनिट खपत के बिजली बिल दे दिहले रहे।

अधीक्षण अभियंता शहरी यूसी वर्मा बतवलें कि पत्र के संज्ञान में लेके मामिला के जांच करवावल गइल बा। परिणाम बहुते चौकावे वाला सोझे आइल बा। एह बिल के गड़बड़ी के शिकायत हमनीं के भी मिलल रहे। बिलिंग एजेंसी के फर्म के ए रीडरन पर दंडात्मक कार्रवाई खातिर पत्र लिखल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]