[the_ad_group id="30365"]

यूपी के पहिला तैरत सोलर संयंत्र से विद्युत उत्पादन शुरू, 3.02 रुपया प्रति यूनिट पड़ी बिजली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

औरैया के दिबियापुर में एनटीपीसी में जलाशय पर तैरे वाले (फ्लोटिंग) 20 मेगावाट सोलर संयंत्र से बिजली के उत्पादन बियफ़े रात से शुरू हो गइल। संयंत्र से उत्पादित बिजली ग्रिड के आपूर्ति कइल गइल बा। एसे एनटीपीसी औरैया संयंत्र के अब कुल क्षमता बढ़ के 704 मेगावाट हो गइल बा। अधिकारियन के दावा बा कि एहसे व्यावसायिक क्षेत्र में सस्ता बिजली मुहैया होई।

महाप्रबंधक जसवीर सिंह अहलावत अउरी अधिकारियन के मौजूदगी में कई चरण में भइल जांच के बाद गुरुवार रात से उत्पादन शुरू भइल। एनटीपीसी के अपर महाप्रबंधक संजय बाल्यान के अनुसार ई तैरत सोलर संयंत्र प्रदेश में पहिला मशीन ह। एनटीपीसी अब ले चार प्रदेशों तेलंगाना के रामागुंडम, केरल के कायमकुलम, गुजरात के कवास अउरी आंध्र प्रदेश के सेमाद्री में जलाशय पर तैरत सोलर संयंत्र लगा चुकल बा।

औरैया में फ्लोटिंग सोलर संयंत्र खातिर एनटीपीसी सितंबर 2019 में निविदा बोलवले रहे। निविदा पावे वाली कंपनी जून 2020 में सोलर संयंत्र के काम शुरू कइले रहे। दिबियापुर स्थित एनटीपीसी में लगभग 90 एकड़ क्षेत्र में फैले पूरा तालाब में पैनल नाइ लगावल जा सकत रहे।

तालाब के निर्धारित हिस्सा छोड़े के पड़ल। एहलिए 500 वाट क्षमता के सोलर पैनल के प्रयोग कइल गइल। फ्लोटिंग सोलर संयंत्र के कुल लागत लगभग 90 करोड़ रुपया आइल रहे। अगस्त 2022 में सोलर प्लांट लगकर तैयार हो चुकल रहे। एकरे बाद टेस्टिंग अउरी कमीशनिंग के काम पूरा कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]