[the_ad_group id="30365"]

समाधान सप्ताह के लाभ उठावें उपभोक्ता : ऊर्जा राज्यमंत्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया में बिजली उपभोक्ता लोग के समस्या के दूर करे खातिर समाधान सप्ताह के आयोजन कइल रहल बा। कौनो भी प्रकार के समस्या होखे त उपभोक्ता समाधान सप्ताह के तहत आवेदन कs के त्वरित निस्तारण करा सकतने।
ई बातें ऊर्जा राज्यमंत्री सोमेंद्र तोमर मंगर के प्रेस वार्ता के दौरान कहलें। ऊर्जा राज्यमंत्री कहलें कि विद्युत संबंधी समस्या के निस्तारण खातिर 19 सितंबर ले समाधान सप्ताह के आयोजन किया जा रहल बा। उपभोक्ता 33/11 केवी के विद्युत उपकेंद्र अउरी निकटवर्ती बिलिंग केंद्र पर विद्युत संबंधित शिकायत के दर्ज करा सकेने। अभियान के पहिले 2 दिन पूरा प्रदेश में उपभोक्ता लोग एह अभियान में बढ़-चढ़कर भागीदारी निबहले बा।
उ कहलें कि समाधान सप्ताह में अगर कौनो जनप्रतिनिधि विद्युत निगम से संबंधित कौनो समस्या उठावतने त ओके प्राथमिकता के आधार पर निस्तारित कइल जाई। बिल से संबंधित विसंगतियन के निस्तारण भी कइल जा रहल बा। उपभोक्ता नयका कनेक्शन चाहे लोड बढ़ावे या मीटर लगवावे के आवेदन भी कs सकsतने।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]