Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

INSTAGRAM प META AI सेटिंग शुरू भइल, पढ़ीं रउरा के कइसे फायदा होई – टेक न्यूज ख़बर भोजपुरी

585
Google Ads 300*250 for posts

व्हाट्सएप के बाद अब इंस्टाग्राम प मेटा एआई के परीक्षण शुरू हो गइल बा एकरा मदद से इंस्टाग्राम यूजर अपना भावना के आधार प कविता लिख सकेलें, कल्पना के आधार प तस्वीर बना सकेलें आ डीएम में सवाल के जवाब दे सकेलें। एह खबर के पुष्टि करत मेटा से मिलल आधिकारिक बयान में कहल गईल कि, हमनी के जेनरेटिव एआई के अलग-अलग चरण में विकास हो रहल बा आ हमनी के सीमित क्षमता में एआई के सार्वजनिक तौर प परीक्षण करतानी।

मेटा एआई इंस्टाग्राम रील बनावे में मदद करी

सबसे पहिले टेकक्रंच के एगो रिपोर्ट में दावा कइल गइल कि एआई के सर्च बार में मेटा के ओर से परीक्षण कइल जाता। हाल ही में इंस्टाग्राम डीएम में मेटा एआई आइकन देखल गइल आ जब ओकरा प क्लिक कइल गइल त इ निर्देश के मुताबिक काम कइलस। लाखों इंस्टाग्राम यूजर ए खबर से बहुत खुश बाड़े। ओह लोग के मानना बा कि मेटा एआई ओह लोग के कवनो खास विषय प रील बनावे में मदद करी आ ऊ लोग खोज आ शोध के लमहर प्रक्रिया से मुक्त हो जाई ।

व्हाट्सएप प मेटा एआई

भारत के सबसे लोकप्रिय मैसेजिंग ऐप व्हाट्सएप प मेटा एआई के सफलतापूर्वक परीक्षण कइल गइल बा। ई फीचर दुनिया के कुछ यूजर लोग के ट्रायल खातिर उपलब्ध करावल गइल बा। एकर नतीजा बहुत उत्साहजनक बा। कृपया जाँच करीं, रउरा व्हाट्सएप पर मेटा एआई के आइकन देखाई दिही। मेटा एआई फीचर टैप करत ही सक्रिय हो जाई। अगर अभी आपके मोबाइल ऐप प मेटा एआई आइकन नईखे लउकत त निराश होखे के जरूरत नईखे काहेंकी जल्दिए इ फीचर सभ यूजर के उपलब्ध हो जाई।

790860cookie-checkINSTAGRAM प META AI सेटिंग शुरू भइल, पढ़ीं रउरा के कइसे फायदा होई – टेक न्यूज ख़बर भोजपुरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.