[the_ad_group id="30365"]

गूगल , क्रोम के पेड वर्जन पेश कइलस, का अब ब्राउजिंग खातीर पईसा देवे के होई? कीमत आ फायदा के बारे में जान लीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल अपना यूजर के कई तरह के सेवा देवेला। आज गूगल क्रोम सबसे बड़ ब्राउजिंग प्लेटफॉर्म बन गईल बा। जदी रउआ गूगल क्रोम के इस्तेमाल करेनी त रउआ खातिर एगो उपयोगी खबर बा। कंपनी अब यूजर्स खातिर गूगल क्रोम के पेड वर्जन पेश कईले बिया। क्रोम के पेड वर्जन में यूजर के बहुत प्रकार के सेवा मिली।

जदी रउवा स्मार्टफोन चाहे लैपटॉप के इस्तेमाल करतानी त रउवा गूगल क्रोम के इस्तेमाल कइले होखब। गूगल क्रोम आज सबसे बड़ ब्राउजिंग प्लेटफॉर्म बन गइल बा। दुनिया भर में लाखों लोग एकर इस्तेमाल करेले। समय-समय प गूगल अपना यूजर के सुविधा खातीर क्रोम ब्राउज़र में नाया अपडेट लेके आवत रहेला। अब कंपनी एगो नाया सेवा पेश कइले बिया।

 

बता दीं कि गूगल के अधिकांश प्लेटफार्म में यूजर गूगल क्रोम के मुफ्त में इस्तेमाल करेले। बाकी, अब कंपनी ए सिस्टम में कुछ बदलाव करे के मूड में देखाई देता। गूगल अपना क्रोम ब्राउजर के एगो नाया एंटरप्राइज प्रीमियम वेरिएंट पेश कइले बिया, जवना में यूजर के दुगो विकल्प दिहल जाई, जवन कि मुफ्त आ पेड होई।

गूगल एंटरप्राइज प्रीमियम डेटा के सुरक्षा करी

बता दीं कि क्रोम एंटरप्राइज प्रीमियम एगो पेड सेवा ह। जदी रउरा एकर इस्तेमाल करीं त यूजर्स के कुछ अतिरिक्त फीचर मिल जाई । गूगल क्रोम के इ नाया पेड वर्जन यूजर के मैलवेयर हमला आ फिशिंग हमला से सुरक्षित राखी। एकरा संगे-संगे यूजर के साइबर हमला के खतरा भी ना होई। गूगल क्रोम के पेड वर्जन से यूजर के ऑनलाइन डेटा भी सुरक्षित राखल जाई।

क्रोम के इ पेड वर्जन सामान्य नियमित उपयोगकर्ता खाती बहुत फायदेमंद नईखे लेकिन इ कॉरपोरेट कंपनी अवुरी बिजनेस के लोग खाती जादे उपयोगी अवुरी फायदेमंद हो सकता। गूगल के ए कदम के बाद अब लोग के डेटा सुरक्षा खाती थर्ड पार्टी ऐप चाहे सॉफ्टवेयर प निर्भर ना रहे के पड़ी। अब यूजर के खुद अपना सिस्टम में डेटा प्रोटेक्शन टूल मिल जाई।

गूगल एंटरप्राइज प्रीमियम में ऑटो अपडेट के सुविधा बा

गूगल के मुताबिक, यूजर के डेटा के सुरक्षित राखे खातीर गूगल एंटरप्राइज प्रीमियम में ऑटोमैटिक अपडेट उपलब्ध होई। जदी हमनी के साधारण भाषा में बताईं जा त गूगल एंटरप्राइज प्रीमियम सिर्फ बड़ कंपनी आ बिजनेस के लोग खातीर एकदम सही बा। जदी हमनी के गूगल एंटरप्राइज प्रीमियम के दाम के बात करीं जा त एकरा खातिर यूजर के 6 डॉलर यानी लगभग 500 रुपया हर महीना खर्च करे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]