[the_ad_group id="30365"]

आनलाइन ट्रेडिंग बंद करे खातिर व्यापारी लोग सौंपल ज्ञापन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज में उत्तर प्रदेश उद्योग व्यापार प्रतिनिधि मंडल के पदाधिकारी लोग आनलाइन कारोबार (ट्रेडिंग) के बंद कइल जाए के मांग के संबंध में बियफ़े के अतिरिक्त मजिस्ट्रेट से मुलाकात कइलें अउरी अपने मांग से संबंधित तीन सूत्री ज्ञापन मुख्यमंत्री अउरी प्रधानमंत्री के भेजलें।

जिलाध्यक्ष फूलचंद अग्रवाल बतवलें कि देश में आनलाइन कारोबार के वजह से व्यापारियन के व्यवसाय धीरे-धीरे नष्ट हो रहल बा। व्यापारियन के हित के ध्यान में रखत कुछ अइसन व्यवस्था बनावल जाव जेसे कि उहों सुविधाजनक तरीका से आपन व्यवसाय बढ़ा सकें। जिला महामंत्री सुधीर अग्रहरी कहलें कि व्यापारियन के हितन के ले के शासन के सोचे के होई।
व्यापारी लोग अपने ज्ञापन में आनलाइन कारोबार पर जीएसटी के अतिरिक्त 20 प्रतिशत विकास कर लागू कइले, आनलाइन कारोबार के व्यापार खातिर पंजीकरण के बंद कइले अउरी प्रत्यक्ष विदेशी निवेश (एफडीआई) पर अंकुश लगावल जाए के मांग कइलें। ज्ञापन देत समय अशोक टिबड़ेवाल, मनोज अग्रहरी, दुर्गेश गुप्ता, मनोज सिंघानिया, सतीश चंद मद्धेशिया, संजय गुप्ता, जितेंद्र कुमार आदि व्यापारी लोग मौजूद रहल
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]