[the_ad_group id="30365"]

गौतम अडानी आ मुकेश अंबानी के बीचे भइल समझौता! एक-दूसरा के कर्मचारियन के नाइ दीहे नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया के दू सबसे रईस अरबपति गौतम अडानी अउरी मुकेश अंबानी आपस में ‘नो पोचिंग’ समझौता कइलें। एकरे तहत अडानी समूह के कर्मचारी ना त रिलायंस इंडस्ट्रीज में नौकरी कs सकेने अउरी न ही मुकेश अंबानी के कंपनी में काम कs चुकल कर्मचारियन के अडानी समूह हायर करी। ई एग्रीमेंट एह साल मई से लागू बा अउर दूनों कंपनियन से जुड़ल सब कारोबार खातिर बा।

बिजनेस इनसाइडर के रिपोर्ट में ई जानकारी देहल गइल बा। रिपोर्ट के मुताबिक अडानी समूह चाहे रिलायंस इंडस्ट्रीज के ओर से अब ले एह एग्रीमेंट से जुड़ल सवाल के जवाब नइखे देहल गइल।

एग्रीमेंट के वजह

‘नो पोचिंग’ एग्रीमेंट एहलिए भी अहम बा काहेसेकि अब अडानी समूह ओ कारोबार में एंट्री कs रहल बा, जहवाँ पहिलही से रिलायंस इंडस्ट्रीज के दबदबा बा। पिछले साल, अडानी समूह अडानी पेट्रोकेमिकल्स लिमिटेड के संगे पेट्रोकेमिकल क्षेत्र में घुसले के ऐलान कइलस। एह सेक्टर में रिलायंस के सबसे बड़ उपस्थिति बा।

उहवें, टेलीकॉम में भी अडानी समूह एंट्री खातिर पहिला कदम बढ़ा दिहले बा। हालही में अडानी 5G स्पेक्ट्रम खातिर बोली लगवले बा। उहवें ग्रीन एनर्जी सेक्टर में अडानी अउरी अंबानी एक दूसरा के प्रतिद्वंदी बनत दिख रहल बानें। एही तरह, मीडिया में भी मुकेश अंबानी के बाद अब अडानी समूह एंट्री कइले बा।

केतना कर्मचारियन पs पड़ी असर

मुकेश अंबानी अउर गौतम अडानी के बीच एग्रीमेंट के वजह से लाखन कर्मचारियन खातिर रास्ता बंद हो गइल बा। रिलायंस के 3.80 लाख से ज्यादा कर्मचारी बानें। उहवें, अडानी समूह के भी हजारों कर्मचारी मुकेश अंबानी के कौनो कंपनी में नौकरी नाइ कs पइहें।

भारत में बढ़ रहल बा चलन

ओइसे त भारत में ‘नो पोचिंग’एग्रीमेंट के चलन एगो प्रथा के रूप में नाइ आइल बा लेकिन अब तेजी से प्रचलित हो रहल बा। टैलेंट वॉर अउरी सैलरी हाइक के वजह से कंपनियां ‘नो पोचिंग’ एग्रीमेंट पर जोर दे रहल बा। कर्मचारियन के डिमांड चाहे बढ़त सैलरी कंपनियन खातिर एगो जोखिम बा। खासकर ओह सेक्टर में जहां टैलेंट कम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]