[the_ad_group id="30365"]

गुजरात के एगो व्यापारी के डीमैट खाता में आइल 11 हजार करोड़ रुपया से ज्यादा, तुरंत शेयर बाजार में लगाकर कमा लिहलें एतना लाख रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आमतौर पर बैंकिंग सिस्टम के चूक से पइसा गलत खाता में चल गइले के खबर आवत रहला, लेकिन ई खबर बड़ी रोचक बा। गुजरात के एगो व्यक्ति के डीमैट खाता में बैंक की चूक से 11,677 करोड़ रुपया जमा हो गइल। शेयर कारोबारी रमेश सागर के त मानs लॉटरी लग गइल। उ एह राशि के चतुराईपूर्वक उपयोग कs के 2 करोड़ रुपया शेयर बाजार में निवेश क देहलें अउरी लाखों रुपया मुनाफा कमा लिहलें।

ई वाकया अहमदाबाद के ह। रमेश सागर शेयर बाजार में खरीदी-बिक्री करेने। एहलिए उ कोटक सिक्युरिटीज में आपन डीमैट खाता खुलवा रखले बानें। एही खाता से शेयर के खरीद-फरोख्त के पैसा आवत-जात रहsला।

सागर के अनुसार 27 जुलाई के उनके संगे अचंभा वाला घटना घटल। उनके डीमैट खाते में 11,677 करोड़ रुपया आ गइल। मौका देखतही उ एहमें से दो करोड़ रुपया के तुरंत शेयर खरीद लिहलें। एह निवेश पर उनके ताबड़तोड़ पांच लाख रुपया के मुनाफा भी हो गइल।

चंद घण्टा के कइल गइल एह ‘हेराफेरी‘ से उनकर त फायदा हो ही गइल, उहवें बैंक के भी जइसही गलती समझ आइल, उ ओही दिन रात आठ बजे गलती से आइल सारा पइसा वापस काट लिहलस। चूंकि बैंक ओतने पैसा वापस ले सकतिया, जेतना गलती से ट्रांसफर भइल होखें, एहलिए ऊ त अपने सूझबूझ आ चतुराई से पांच लाख रुपया कमइले में कामयाब हो गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]