[the_ad_group id="30365"]

ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन के भइल बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह: नगर के ऐश्वर्य पैलेश में ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन के जिलाध्यक्ष पौहारी शरण राय के अध्यक्षता में बैठक भइल। जेमे संगठन के मजबूती, आवे वाला कार्यक्रमन पs चरचा कइल गइल। जिलाध्यक्ष कहलें कि संगठन के मजबूती से पत्रकार हितन के मजबूती मिलेला। पत्रकार संयम आ शालीनता के संगे अपना दायित्वन के निर्वहन करे लो। समाज के ओह लोगन से अपेक्षा बा। आमजन के समस्यन, जरूरतन के अपना लेखनी के हिस्सा बनावे लो।

प्रदेश उपाध्यक्ष कैप्टन वीरेंद्र सिंह कहलें कि ग्रापए एगो जिम्मेदार संगठन हs आ पत्रकार हितन खातिर काम करेला। श्रवण कुमार गुप्त कहलें जब तक व्यक्ति में सत्यनिष्ठा, अनुशासन एक दूसरा के प्रति प्रेम आ सम्मान नइखे ऊ पशु के समान बा। बैठक के प्रेम चंद मिश्र, श्रवण कुमार गुप्त, डा.हरिश्चंद्र मिश्र, पवन सिंह, सुरेश पांडेय, विनोद सिंह, पवन पाठक संबोधित कइल लो। अध्यक्षता तहसील अध्यक्ष सिंहासन यादव कइले।

एह दौरान रमेश यादव, संजय प्रजापति, अखिलेश सिंह, अरविंद सिंह, विश्वजीत सिंह, ओम प्रकाश मिश्र, प्रमोद गोंड़, बंकेश्वर मिश्र, रमेश यादव, जितेंद्र यादव, जगदीश जायसवाल मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]