[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: धूल भरल आंधी के बाद झमाझम बरखा, सुहाना भइल मौसम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में पश्चिमी विक्षोभ के प्रभाव से सोमार के रात अचानके मौसम में बदलाव देखे के मिलल। रात करीब 8:30 बजे तेज हवा चलला से धूल भरल आंधी सुरू हो गइल। तनिए देर बाद शहर के कइयन इलाकन में तेज बरखो सुरू हो गइल। दिन में तीख धूप से उमस भरल गरमी से लोग परेसान दिखल। दुपहरिया में बादल छाइल बाकिर उमस बेचैन करत रहल। मंगर के मौसम साफ रहला के संगही एक-दु जगहन पs बरखा हो सकती बा।

मौसम वैज्ञानिक संजय सिंह बतवलें कि पूर्वी देशांतर के आस-पास मध्य क्षोभमंडल में हवा के घुमाव तेजी से होखला के चलते मौसम के मिजाज बदलल बा। मंगरो के एकर असर देखे के मिली। एकरा बाद पारा गिरला आ नमी बढ़ला से ठंडी के अहसास होखे लागी। मौसम विभाग सोमार के गरज चमक के संगे बरखा के चेतावनी पहिले से जारी कइले रहे।

हालांकि, सोमार के सबेरे तीख धूप से उमस भरल गरमी लोगन के परेसान करत रहल। दुहरिया बाद मौसम में बदलाव लउके लागल। बदली छइला के बावजूद उमस बेचैन करत रहल। ई आलम सांझ तक बनल रहल। रात में अचानक मौसम के मिजाज बदलल। करीब 50 से 60 किलोमीटर के रफ्तार से हवा चलल सुरू भइल। गरज के संगे बरखा भइल जवना से तापमान में गिरावट आ गइले।

सोमार के अधिकतम तापमान 32.1 आ न्यूनतम तापमान 23.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। जबकि आद्रता में पिछला दु दिनन के अपेक्षा बढ़न्ती दर्ज कइल गइल। सोमार के आद्रता सबेरे 8.30 बजे 80 प्रतिशत आ सांझ 5.30 बजे 70 प्रतिशत दर्ज कइल गइल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]