[the_ad_group id="30365"]

एम्स में फरवरी से होई एमडी-एमएस के पढ़ाई, तैयारी पूरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) गोरखपुर में एमडी अउरी एमएस के पढ़ाई फरवरी 2023 से शुरु हो जाई। एकर औपचारिकता पूरा कs लेहल गईल बा। पीएचडी के कक्षा भी चले लगी। शोध सुपरवाइजर के हिसाब से जल्दिए सीट बंटाई।

एम्स, गोरखपुर में एमबीबीएस अउरी नर्सिंग के पढ़ाई करावल जा रहल बा। जल्दिए एमडी अउरी एमएस के 50 सीट भी भरल जाई। निदेशक डॉ सुरेखा किशोर बतवली कि 76 डॉक्टर तैनात बानें। एकरा मुताबिक पीएचडी खातीर करीब 50 सीट उपलब्ध होई। एम्स दिल्ली के प्रवेश परीक्षा आ काउंसलिंग का माध्यम से पीजी आ पीएचडी के सीट भरे के बा। कक्षा चलावे के संगे-संगे शोध गतिविधि भी बढ़ावल जाई।

आयुष विंग पूरा क्षमता से चली

एम्स के आयुष विंग सितंबर से पूरा क्षमता से चलावल शुरू क दिहल जाई। वर्तमान में होम्योपैथिक आ आयुर्वेद के ओपीडी चल रहल बा। दुनो में रोजाना 40-40 मरीज आवतारे। यूनानी के ओपीडी जल्दिए चल जाई। निदेशक के मुताबिक पंचकर्म के माध्यम से इलाज के इंतजाम कइल जाता। होम्योपैथिक, आयुर्वेद, यूनानी आ पंचकर्म से जुड़ल हर गतिविधि में इलाज के इंतजाम कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]