[the_ad_group id="30365"]

2 से सात सितंबर ले फ्री बंटाई राशन, 31 अगस्त रहल आखिरी तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के कई जिला में विक्रेता के खाद्यान्न अउरी दूसर सामग्री के वितरण न होखले के कारण अब लाभार्थियन के भी एकर वितरण 2 से 7 सात सितंबर ले कइल जाई।

अपर खाद्य आयुक्त अनिल कुमार दुबे बतवलें कि जून के सापेक्ष प्रदेश के अंत्योदय अउर पात्र गृहस्थी कार्डधारकन के नमक, रिफाइंड सोयाबीन तेल अउरी साबुत चना के निशुल्क वितरण अउर राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा अधिनियम के तहत जुलाई के सापेक्ष आवंटित खाद्यान्न के वितरण 31 अगस्त ले होखे के रहल। एके अब सात सितंबर ले बढ़ा दिहल गइल बा।

खाद्यान्न वितरण में रिकॉर्ड कायम कइलस

केन्द्र अउरी राज्य सरकार के ओर से कोरोना काल के दौरान शुरू भइल राशन वितरण में प्रदेश अप्रैल 2020 से मार्च 2022 ले कुल 200 लाख मीट्रिक टन खाद्यान्न वितरित कs के रिकॉर्ड कायम कइले बा। प्रदेश सरकार 80 हजार कोटेदारन के माध्यम से राशन वितरण हर गरीब अउरी बेसहारा लोग राशन पहुंचवले के काम कइले बा।

निशुल्क राशन योजना के तहत 35 किलो राशन अउर एकरे साथ दाल, चीनी, खाद्य तेल, नमक जैसी खाए के सामान के लाभार्थी परिवारन के देहल जा रहल बा। प्रधानमंत्री गरीब कल्याण अन्न योजना तहत फिलहाल पांचवां चरण में राशन वितरण कइल जा रहल बा।

प्रदेश में समस्त अन्त्योदय कार्ड अउरी पात्र गृहस्थी के ओह कार्डधारकन के जे मनरेगा श्रम विभाग अउरी नगर निकाय में पंजीकृत मजदूर रहल, उनके राज्य सरकार के ओर से अप्रैल से जून, 2020 के बीच 195 करोड़ रुपया के 8 लाख मीट्रिक टन खाद्यान्न के निःशुल्क वितरण करावल गइल बा। उनवें आत्म निर्भर भारत योजनान्तर्गत प्रवासी/अवरुद्ध प्रवासी मजदूरन के कुल 12 हजार मीट्रिक टन खाद्यान्न अउरी 1100 मीट्रिक टन चना के निःशुल्क वितरण कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]