[the_ad_group id="30365"]

जैव विविधता संरक्षण पर नेपाल से करार, तुअर, उड़द अउरी चना के ले के कैबिनेट के बड़ फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय मंत्रिमंडल जैव विविधता संरक्षण खातिर नेपाल संगे समझौता पत्र प हस्ताक्षर करे के मंजूरी दे देहलस। आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल कैबिनेट बइठक में पर्यावरण मंत्रालय के एह से जुड़ल प्रस्ताव के हरिहर झंडी देखा दिहल गइल। एकरा संगे-संगे मोदी मंत्रिमंडल दु योजना के तहत तुअर, उड़द अउरी मसूर के खरीद सीमा बढ़ावे के भी मंजूरी दे देहलस। एकरा अलावे बफर स्टॉक से राज्य के 15 लाख टन चना रियायती दर प देवे के मंजूरी दिहल गईल बा।

भारत-नेपाल के बीच प्रस्तावित एमओयू से वन, वन्यजीव, पर्यावरण, जैव विविधता आ जलवायु परिवर्तन के क्षेत्र में दुनो देश के बीच सहयोग के बढ़ावा देवे में मदद मिली। एह में भारत-नेपाल गलियारा के बहाली के प्रावधान आ आसपास के इलाका में वन संरक्षण आ जैव संरक्षण खातिर उपाय कइल जाई।

पर्यावरण, वन आ जलवायु परिवर्तन मंत्रालय के ओर से बुध के दिने जारी बयान में ई जानकारी मिलल। एह समझौता में जैव संरक्षण के संबंध में दुनो देश के बीच ज्ञान अउरी बेहतरीन तरीका के साझा करे के भी प्रावधान होई।

भारत-नेपाल सीमा से सटल इलाका भारतीय उपमहाद्वीप में बचल कुछ वन्यजीव के आश्रय ह। दुनो देश के सरकार ए वन्यजीव अउरी जैव विविधता के संरक्षण खातीर कदम उठावे जा रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]