[the_ad_group id="30365"]

कृष्ण जन्मभूमि केस : शाही इदगाह मस्जिद के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावे खातिर मथुरा कोर्ट के मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मथुरा श्री कृष्ण जन्मभूमि विवाद मामला के सुनवाई गुरुवार के इलाहाबाद हाईकोर्ट में भईल। एह दौरान महामहिम मथुरा अदालत के निर्देश दिहले कि मूल मामला से जुड़ल सभ आवेदन के जल्दी से जल्दी निपटारा कईल जाए। उच्च न्यायालय के ओर से निर्देश दिहल गईल बा कि अधिकतम 4 महीना में सभ आवेदन के निपटारा कईल जाए, सुनवाई में सुन्नी वक्फ बोर्ड अवुरी बाकी पक्ष ना पहुंचल त एक्स-पार्टे आदेश जारी करे के निर्देश दिहल गईल रहे। इलाहाबाद हाईकोर्ट भगवान श्री कृष्ण विराजमान के सूट फ्रेंड मनीष यादव के आवेदन के सुनवाई करत समय दिहलस। सुनवाई न्यायमूर्ति सलिल कुमार राय के एकल पीठ में भईल।

ध्यान देवे वाला बात बा कि जन्मभूमि विवाद से जुड़ल सभ मामला के सुनवाई पूरा क के जल्दी से जल्दी निपटारा करे के मांग करत मथुरा अदालत में आवेदन दाखिल कईल गईल रहे। ए आवेदन में मथुरा के कोर्ट में चलत सभ मामला के निपटारा क के एक संगे सुनवाई करे के मांग भी कईल गईल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]