[the_ad_group id="30365"]

गया के पूर्व डीएम पर कसल जाई कानूनी पेंच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के पूर्व डीएम अभिषेक कुमार सिंह के खिलाफ भ्रष्टाचार के मामला में प्राथमिकी दर्ज करे के तैयारी राज्य सरकार करतिया। ध्यान देवे वाला बात बा कि गया के डीएम होखला के बावजूद अभिषेक कुमार सिंह प भ्रष्टाचार के आरोप लगावल गईल। जवना के बाद सरकार उनुकर तबादला क देलस।

जानकारी के मुताबिक गया में बेतहाशा भ्रष्टाचार के शिकायत मिलला के बाद राज्य सरकार गया के डीएम अवुरी मगध रेंज के आईजी के भी हटा देले रहे। जइसहीं शुरुआती जांच में एह अधिकारियन के शामिल होखे के बात सामने आइल ओकरा बाद सरकार गया के डीएम मगध रेंज के आईजी आ एसएसपी के हटा दिहलसि. गया में डीएम रहत घरी एसबीयू अभिषेक कुमार सिंह पर भ्रष्टाचार के गंभीर आरोप लागल रहे। जवन जानकारी रउरा सोझा निकल रहल बा. बतावल जाता कि डीएम प अवैध रूप से पेड़ कटाई के मामला के संगे-संगे हथियार के लाइसेंस देवे के मामला में भी बहुत गड़बड़ी भईल। गया के तत्कालीन डीएम पर एह तरह के गंभीर आरोप लगावल गइल जवना का बाद उनुका के छुट्टी दे दिहल गइल. आ अब जांच का बाद राज्य सरकार अनुमति दे दिहले बिया जवना का बाद अब एसबीयू गया के पूर्व डीएम अभिषेक कुमार सिंह का खिलाफ भ्रष्टाचार रोकथाम कानून का तहत प्राथमिकी दर्ज कराई.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]